केजरीवाल आ अखिलेश के सपना चूर

पाकिस्तानी गजल गायक गुलाम अली अब आपन भारत यात्रा रद्द क दिहले बाड़न. उनुको एहिजा के ‘असहिष्णुता’ वाला कीड़ा काट लिहले बा आ कहले बाड़न कि जबले हिन्दुस्तान में हालात सुधर नइखे जात तबले एहिजा कवनो कार्यक्रम ना करीहें.

गुलाम अली के एह फैसला से दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल आ यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के आपन सेकूलरी साबित करे के सपना चूर हो गइल. जान जाईं जे कुछ दिन पहिले मुंबई आ पुणे के शो शिवसेना का विरोध का चलते रद्द हो गइल रहुवे तब केजरीवाल आ अखिलेश उनुका के अपना किहां बोला के सम्मानित कइले रहलें आ दिल्ली आ लखनऊ में गुलाम अली के कंसर्ट करवावे के योजना बनवले रहलें.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।