केरल में प्रधानमंत्री के आचरण का खिलाफ प्रस्ताव

काल्हु केरल विधानसभा में एगो प्रस्ताव पास करके एह बात के विरोध कइल गइल कि प्रधानमंत्री अपना यात्रा का दौरान ओहिजा के मुख्यमंत्री वी.एस. अच्युतानंदन के तनिको महत्व ना दिहलें. प्रस्ताव पास भइला का बाद राति खानि प्रधानमंत्री अच्युतानंदन से बतिया के आपन अफसोस जाहिर कइलन. मुख्यमंत्री के अनदेखी के हद ई रहल कि कोच्चि का जवना होटल में प्रधानमंत्री के ठहरावल गइल रहे ओहमें मुख्यमंत्री के एगो कमरा तक ना दिहल गइल. वाममोर्चा एकरा के राज्य के अपमान बतवले बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..