केहू देखले नइखे रिंकू घोष जइसन स्टारडम


रिंकू घोष से बड़हन स्टारडम भोजपुरी के कवनो नायिका नइखी देखले. उनुकर एक झलक पावे खातिर लाखन के भीड़ जुट जाले जवन ई बतावे खातिर काफी बा कि भोजपुरिया लोगन में रिंकू घोष के कतना क्रेज बा. पिछला दिने हाजीपुर में अपना फिल्म “सईंया ड्राइवर बीबी खलासी” के शूटिंग करत घरी दर्शकन के बड़हन हुजूम जुट गइल रहुवे. सभे परेशान रहे रिंकु से आटोग्राफ आ फोटोग्राफ खातिर. ओही में एगो बुढ़ियो आइल रहली जे रिंकू के बतवली कि ऊ “विदाई” देख के रिंकू घोष के आपन बेटी मान लिहले बाड़ी. रिंकू उनका साथे बहुते देर ले रहली आ कहली कि उनुका घरे जा के खइबो करीहें. रिंकू कहली कि नवहियन के बहुते भीड़ देखले बानी बाकिर कवनो उमिरदराज महिला हमरा के बेटी बोलावे ई पहिला बेर देखनी.

कहल जात बा कि फिल्म “सईंया ड्राइवर बीबी खलासी” में खलासी का भूमिका में रिंकू घोष एक बेर सगरी दर्शकन के दिल जीते जा रहल बाड़ी.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।