केहू देखले नइखे रिंकू घोष जइसन स्टारडम


रिंकू घोष से बड़हन स्टारडम भोजपुरी के कवनो नायिका नइखी देखले. उनुकर एक झलक पावे खातिर लाखन के भीड़ जुट जाले जवन ई बतावे खातिर काफी बा कि भोजपुरिया लोगन में रिंकू घोष के कतना क्रेज बा. पिछला दिने हाजीपुर में अपना फिल्म “सईंया ड्राइवर बीबी खलासी” के शूटिंग करत घरी दर्शकन के बड़हन हुजूम जुट गइल रहुवे. सभे परेशान रहे रिंकु से आटोग्राफ आ फोटोग्राफ खातिर. ओही में एगो बुढ़ियो आइल रहली जे रिंकू के बतवली कि ऊ “विदाई” देख के रिंकू घोष के आपन बेटी मान लिहले बाड़ी. रिंकू उनका साथे बहुते देर ले रहली आ कहली कि उनुका घरे जा के खइबो करीहें. रिंकू कहली कि नवहियन के बहुते भीड़ देखले बानी बाकिर कवनो उमिरदराज महिला हमरा के बेटी बोलावे ई पहिला बेर देखनी.

कहल जात बा कि फिल्म “सईंया ड्राइवर बीबी खलासी” में खलासी का भूमिका में रिंकू घोष एक बेर सगरी दर्शकन के दिल जीते जा रहल बाड़ी.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..