के॰के॰ सिंह अइले भोजपुरी फिल्म लिखे

हिन्दी सिनेमा के मशहुर लेखक के॰ के॰ सिंह अब भोजपुरी सिनेमा के कहानी, पटकथा, आ संवाद लिखे के काम दिनेशलाल यादव निरहुआ के फिल्म “औलाद” से शुरु कइले बाड़न. भोजपुरी सिनेमा के सबले बड़ कमजोरी एकर कथा पटकथा होले. जबकि फिल्म “औलाद” के खास बात इहे कथा पटकथा संवाद बन गइल बा जे दर्शकन के अपना से जोड़ के रख ली. बतावल जात बा कि एह काम खातिर के॰ के॰ सिंह के एगारह लाख रुपिया दिहल गइल जवन अबले कवनो भोजपुरी फिल्म लेखक के नइखे मिलल. औलाद के निर्देशन असलम शेख के बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

1 Comment

  1. atul

    भईया ई खबर त पढ के आशा जगी ब कि अब भोजपुरी म भी अच्छे लेख्क लिखै क तैयार बानी।

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।