कैटरीना के राह धइली पाखी

भोजपुरिया दर्शकन का दिल के धड़कन पाखी हेगडे बालीवुड अदाकारा कैटरीना कैफ का नक्शेकदम पर चल निकलल बाड़ी. जवना तरह से बालीवुड में कैटरीना के छवि हॉट एक्ट्रेस से ले के परफारमेंस एक्ट्रेस के बा ठीक ओही तरह भोजपुरी सिनेमा में पाखी के छवि बनत जा रहल बा. पाखी अपना आवेवाली भोजपुरी फिलिम हमरा माटी में दम बा में ठीक वइसने किरदार कर रहल बाड़ी जइसन प्रकाश झा के फिलिम राजनीति में कैटरीना के रहुवे.
Pakhi Hegde in Humra Mati Me Dum Ba
जब हमरा माटी में दम बा के स्टिल्स जारी भइल त पाखी के लुक आ हाव भाव देख राजनीति के कैटरीना याद आ गइली. उनकर ऊजर साड़ी, हाव भाव, आ अंदाज पूरा बतावत बा कि उ कवनो राजनेत्री हई. अपना कई गो फिल्मन में सेक्सी हॉट लुक दे चुकल पाखी अब अपना परफारमेंस के देखावल चाहत बाड़ी. एह बाबत जब पाखी से पुछल गइल त बतवली कि ई किरदार सामाजिक शोषण का खिलाफ आवाज बुलंद करत बिया आ अपना टीम का सहयोग से समाज के दिशा बदल देत बिया.

पाखी इहो कहली कि ई मत समुझीं कि हम बस सेक्सी हॉटे रोल कर सकेनी, हम परफारमेंसो वाइज किरदार ओतने बढ़िया से कर सकेनी. हम क्यूट गुड़िया से ले के गंभीर अदाकारा तक हईं आ ई देखा दिहल चाहत बानी.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।