कैम्ब्रिज में भोजपुरी

कैम्ब्रिज में भोजपुरी

मारीशस सरकार के मेहनत से अब जल्दिये कैम्ब्रिज के इंटरनेशनल एजुकेशन का तहल ओ लेवल पर भोजपुरी के पढ़ाई शुरु होखे जा रहल बा.

एह तरह के जानकारी मारीशस के एगो वेबसाइट प्रवासी संवाद पर दीहल गइल बा. कौशलेन्द्र सिंह के लिखल एह लेख में बतावल गइल बा कि मारीशस सरकार के मेहनत आ प्रयास का बदौलत कैम्ब्रिज में भोजपुरी भाषा के पढ़ाई ओ लेवल पर शुरु होखे जा रहल बा. एह शुरुआत से नवही भोजपुरियन के अपना जड़ से जुड़े के मौका मिल पाई आ ओह लोग में उत्साह के संचार होखी जवना से उहो भोजपुरी में कुछ नया शोध आ सांस्कृतिक गतिविधि में शामिल हो पइहें.

अतने ना, मारीशस सरकार एहू प्रयास में बिया कि ओहिजा एही तरह भारतीय संगीत आ नृत्य के शिक्षा देबे के काम शुरु होखो. ई देखावत बा कि मारीशस सरकार अपना सांस्कृतिक धरोहर के संजोवे आ ओकरा के आगा बढ़ावे का दिशा में कतना गंभीर बिया. लेख में बतावल गइल बा कि मारिशस के शिक्षा आ मानव संसाधन मंत्री डॉ महेन्द गंगापरसाद एह जानकारी के पुष्ट कइले बाड़न.

गंगापरसाद बतवलन कि कैम्ब्रिज से हो रहल चर्चा में एह बात पर विचार कइल गइल कि मारिशस के जनभाषा क्रेओल आ भोजपुरी के शिक्षा के औपचारिक पाठ्यक्रम में कइसे शामिल कइल जाव. एह विषयन के पाठ्यक्रम बनावे पर काम शुरु हो गइल बा.

जाने जोग बा कि भोजपुरी भारतीय मूल के भाषा हियऽ आ मारीशस में जब गिरमिटिहा मजदूरन के ले आइल गइल त ऊ लोग अपना साथे अपना भाषा, अपना संस्कार, अपना संस्कृति के थाती सहेजले रहल आ बरीसन बाद आजुओ मारीशस, सूरीनाम, फिजी, आ कैरिबियन देशन में भोजपुरी के लोत जर रहल बा.

मारीशस के भोजपुरी स्पीकिंग यूनियन के सभापति आ जानल मानल नाम डॉ सरिता बूधू मारीशस सरकार के एह डेग के सरहले बाड़ी.

 

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।