कोई लाख करे चतुराई, करम के लेख मिटे ना रे भाई

DayashankarSingh
काल्हु भइल यूपी विधान परिषद का चुनाव में बेंग एने से ओने कुदलें स जरुर बाकिर आखिर में उहे भइल जवन होखे के रहे. भाजपा दोसरा दल के विधायकन के तूड़े में सफल त जरुरे रहल बाकिर ओकरो कुछ विधायक पलटी मार दिहलें. परिणाम इहे रहल कि ओकरा 8 गो वोट के फायदा होखला का बावजूद ओकर दोसर उमीदवार दयाशंकर सिंह जीत ना पवलें. कांग्रेस के उमीदवारो के जरुरत भर वोट ना मिलल तबहियों दयाशंकर सिंह से 1 वोट अधिका रहला का चलते ओकर जीत हो गइल.

दयाशंकर सिंह पिछलको चुनाव में भाजपा के अधिकवा उमीदवार रहलन आ हार गइल रहलन.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..