कोतवाल के गिरफ्तारी के बात गलत बतवले आईजी मीणा

पहिले बतावल गइल रहे कि विधायक रह चुकल आ बसपा नेता सीपू सिंह के हत्या का मामिला में कोतवाल के निलंबित कर के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. बाकिर जोनल आईजी जी एल मीणा कहलन कि कोतवाल के पूछताछ खातिर हिरासत में लिहल गइल रहे बाकिर गिरफ्तार नइखे कइल गइल. अब हिरासत में लिहला आ गिरफ्तारी के कानूनी फरक आम आदमी के का मालूम. ओने एह हत्या कांड में मराइल लोग के अंतिम संस्कार दोहरीघाट के मुक्तिधाम पर कर दिहल गइल. एह दौरान इलाका के चप्पा चप्पा पर पुलिस तैनात रहे कि कहीं कवनो बवाल मत हो जाव.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।