कोनराड संगमा मेघालय के मुख्यमंत्री पद के किरिया लिहलें


शिलांग 06 मार्च (वार्ता) नेशनल पीपुल्स पार्टी (एनपीपी) के अध्यक्ष कोनराड संगमा के आजु मेघालय के मुख्‍यमंत्री पद के किरिया धरा दीहल गइल.

मेघालय के राज्यपाल गंगा प्रसाद उनुका के पद आ गोपनीयता के किरिया धरवलें. उनुका साथे अउरिओ मंत्रियन के किरिया धरावल गइल. मेघालय के नयका सरकार में एनपीपी के अलावे भाजपा, यूनाईटेड डेमोक्रेटिक पार्टी (यूडीपी), हिल स्टेट पीपुल्स डेमोक्रेटिक पार्टी (एचएसपीडीपी) आ पीपुल्स डेमोक्रेटिक फ्रंट(पीडीएफ) के मंत्रिओ शामिल भइलें.
कोनराड संगमा लोकसभा के अध्यक्ष रहल पी ए संगमा के बेटा हउवन. बरीस 2016 में पी ए संगमा के निधन का बाद कोनराड तूरा संसदीय क्षेत्र से लोकसभा खातिर चुनाइल रहलें. अब उनुका छह महीना का भितरे राज्य विधानमंडल के सदस्यता हासिल करे के होई.
भाजपा अध्यक्ष अमित शाह आ केंद्रीय गृह मंत्री राजनाथ सिंह किरिया धराई समारोह में मौजूद रहलें. यूडीपी के नेता आ पहिले मुख्यमंत्री रहल डोनकूपर राय के विधानसभा के नयका अध्यक्ष बने के उम्मीद बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।