कोमल आ दीपु जीतलें सरोज खान के दिल

Dance Sangram on Mahuaa TV

भोजपुरी चैनल महुआ पर प्रसारित हो रहल रियलिटी शो डाँस संग्राम धमाल मचवले बा. हर हफ्ता अपना प्रस्तुति से एह शो के प्रतिभागी दर्शकन के दुलरुआ बनल जात बाड़े. बाकिर एह हफ्ता के शो में दू गो प्रतिभागी त गजब निकललन आ नृत्य के महागुरु बड़की माई सरोज खान के दिल जीत लिहलें.

शुक का दिने देखावल जाये वाला एपिसोड के पहिका खण्ड सोलो परफार्मेंस के होखी त दूसरका खण्ड डुएट के. सोलो में गौरी क्षेत्री आय एम सुपर सेक्सी गाना पर अपना नृत्य से दिनेशलाल निरहुआ के अपना साथे ठुमका लगावे के मजबूर कर दिहें त राँची के प्रतिभागी कोमल के प्रस्तुति टच मी टच मी टच मी पर संभावना सेठ उनका के अँकवारी में भर लीहें. बड़की माई त कह दीहें कि आजु उनका हेलन के याद आ गइल. सरोज खान का कहला पर कोमल एक बेर एह गाना पर डाँस करीहें  जवना में दिनेशलाल यादव आ सम्भावना सेठो शामिल हो जइहें. राँचिये के दीपूओ अपना डाँस से बड़की माई के खुश कर दीहें.
बाकिर एह सब का बावजूद एगो प्रतिभागी शुक का दिने बाहर के राह धर लीहें. ऊ के होखी से देखे खातिर शुक का दिने देखावल जाये वाला डाँस संग्राम के एपिसोड देखलमत भुलाएम.
स्रोत प्रशान्त निशान्त

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।