कोमल आ दीपु जीतलें सरोज खान के दिल

Dance Sangram on Mahuaa TV

भोजपुरी चैनल महुआ पर प्रसारित हो रहल रियलिटी शो डाँस संग्राम धमाल मचवले बा. हर हफ्ता अपना प्रस्तुति से एह शो के प्रतिभागी दर्शकन के दुलरुआ बनल जात बाड़े. बाकिर एह हफ्ता के शो में दू गो प्रतिभागी त गजब निकललन आ नृत्य के महागुरु बड़की माई सरोज खान के दिल जीत लिहलें.

शुक का दिने देखावल जाये वाला एपिसोड के पहिका खण्ड सोलो परफार्मेंस के होखी त दूसरका खण्ड डुएट के. सोलो में गौरी क्षेत्री आय एम सुपर सेक्सी गाना पर अपना नृत्य से दिनेशलाल निरहुआ के अपना साथे ठुमका लगावे के मजबूर कर दिहें त राँची के प्रतिभागी कोमल के प्रस्तुति टच मी टच मी टच मी पर संभावना सेठ उनका के अँकवारी में भर लीहें. बड़की माई त कह दीहें कि आजु उनका हेलन के याद आ गइल. सरोज खान का कहला पर कोमल एक बेर एह गाना पर डाँस करीहें  जवना में दिनेशलाल यादव आ सम्भावना सेठो शामिल हो जइहें. राँचिये के दीपूओ अपना डाँस से बड़की माई के खुश कर दीहें.
बाकिर एह सब का बावजूद एगो प्रतिभागी शुक का दिने बाहर के राह धर लीहें. ऊ के होखी से देखे खातिर शुक का दिने देखावल जाये वाला डाँस संग्राम के एपिसोड देखलमत भुलाएम.
स्रोत प्रशान्त निशान्त

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..