कोमल ढिल्लन अब मराठी सिनेमा में

कोमल काया आ मोहक मुस्कान वाली कोमल ढिल्लन अब मराठी फिल्म उद्योगो के भा गइल बाड़ी. भोजपुरी के बहुते व्यस्त अभिनेत्रियन में से एक कोमल ढिल्लन जल्दिये मराठी के पहिलका थ्री डी फिल्म “आई मला मारू नको” में नजर अइहन. वइसे मराठी सिनेमा से कोमल के पुरान नाता ह लेकिन बाद में कोमल भोजपुरी फिलिमन में बेसी व्यस्त हो गइली. अब कोमल एक बार फेर मराठी सिनेमा के रूख कइले बाड़ी. पंजाब दी कुड़ी कोमल अबही ले पंजाबी आ भोजपुरी समेत आठ गो भाषा के फिलिम कर चुकल बाड़ी. बाकिर कोमल कहेली कि उनुका भोजपुरी फिलिमन से ख़ास लगाव बा. भोजपुरी फिलिमन के अंदाज़, मिजाज़ अउर गाना उनुका बहुते नीक लागेला.

कोमल आजु काल्हु भोजपुरी में “लागल बा प्यार के बुखार”, “मेहरारू बिना रतियाँ कैसे कटी” अउर “धमाल कईलस राजाजी” समेत आधा दर्जन से बेसी भोजपुरी फिलिमन में काम करत बाड़ी.


(स्रोत : स्पेस क्रिएटिव मीडिया)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..