कोरोना कहर में कमी देखत आजु से बिहार खोल दिहलें नीतीश कुमार

(टटका खबर, बियफे, भादो अन्हरिया चउथ, 2078 विक्रमी)


केरल में कोरोना के कहर बरकरार रहला का बावजूद बाकी देश में कोरोना में कमी आइल बा. बिहारो में कोरोना अब काबू में आ गइल तउकत बा आ ई देखि के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु 26 अशस्त से एक महीना ले, माने कि 25 सितम्बर तक लागू रहे वाला, बिहार में सगरी कोरोना प्रतिबंधन के खतम कर दिहलें.

अब मंदिर, गुरुद्वारा, चर्च, मस्जिद, स्कूल, कॉलेज, दूकान, मॉल, बाजार, हाट सब कुछ खोल दीहल गइल बा. बाकिर सभका से इङो कहल गइल बा कि कोरोना से बचे वाला व्यवहार जारी राखे के बा. बचाव के कोशिश छोड़ल मँहग पड़ सकेला ई हमेशा याद राखे सभ कोई.

सार्वजनिक जगहन पर प्रशासन के अनुमति ले के हर तरह के आयोजन कइल जा सकेला.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।