क्रांतिकारी ठाकुर झूरी सिंह के याद कइल गइल

जौनपुर 21 अक्टूबर (वार्ता) जौनपुर जिला के सरांवा गांव में शहीद लाल बहादुर गुप्त स्मारक पर आज हिन्दुस्तान सोशलिस्ट रिपब्लिकल आर्मी आ लक्ष्मीबाई ब्रिगेड के कार्यकर्ता महान क्रांतिकारी ठाकुर झूरी सिंह के 197वां जनमदिन मनवले.

एह मौका पर शहीद स्मारक पर मोमबत्ती आ अगरबत्ती जरा के दू मिनट के मौन राखल गइल आ क्रांतिकारी झूरी सिंह के श्रद्धांजलि दीहल गइल एह मौका पर संबोधन देत लक्ष्मीबाई ब्रिगेड के अध्यक्षा मंजीत कौर कहली कि महान क्रांतिकारी ठाकुर झूरीसिंह के जनम आजुए का दिन साल 1816 मे तब के बनारस आ हाल के भदोही जिला मे भइल रहे. स्वतंत्रता सेनानियन पर गोली चलवावे वाला कलेक्टर के मूड़ी काट लिहले रहले ठाकुर झूरी सिंह जवना चलते उनुका के फांसी पर लटका दीहल गइल.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।