क्रिकेटिया फ्राड लुकावे दबावे का फेर में श्रीनिवासन नपइलन

बीसीसीआई के अध्यक्ष रहते आइपीएल के सट्टेबाजी के मामिला दबावे लुकावे के कोशिश करे वाला श्रीनिवासन के काल्हु बीसीसीआई से निकाल बाहर कइल गइल. आ उनुका से अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट परिषद के चेयरमैनियो छीन लीहल गइल. काल्हु सोमार का दिने क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड के बईठक में नयका अध्यक्ष शशांक मनोहर के अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट परिषद के चेयरमैन बनावे के फैसलो लीहल गइल. हालांकि उमेद बा कि अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट परिषद के अधिकतर बइठकन में शरद पवारे भारत के प्रतिनिधित्व करीहें. आ एह तरह से पिछला दरवाजा से शरद पवार के अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट परिषद में घुसावल जात बा.

बोर्ड कवनो रिटायर्ड जज के लोकपाल बनावे के फैसला कइलसि. टीम इंडिया के निदेशक रवि शास्त्री के आइपीएल संचालन परिषद से हटा दिहलसि. हित के टकराव से बचे ला रोजर बिन्नी के चयन समिति से हटवलसि. खिलाड़ियन के नयका लिस्ट में सुरेश रैना आ यूपी के गेंदबाज भुवनेश्वर कुमार के ‘ए’ ग्रूप से हटा के ‘बी’ ग्रेड में क दीहल गइल.

क्रिकेट से मइला हटावे के एह प्रयास के सभतर सराहल जात बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।