खड़गे लोकपाल बइठक में शामिल ना होखीहें


नयी दिल्ली 01 मार्च (वार्ता). लोकसभा में कांग्रेस के नेता मल्लिकार्जुन खड़गे लोकपाल चुने खातिर बोलावल आजु का बइठक में शामिल ना होखे के फैसला कइले बाड़न.

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के लिखल एगो चिट्ठी में खड़गे कहले बाड़न कि एह बइठका में उनुका के “विशेष आमंत्रित” का रूप में बोलावल गइल बा आ एह रुप में ऊ शामिल ना होखीहें. उनुकर कहना बा कि विशेष आमंत्रित के तौर पर बोलवला से साफ होखत बा कि भ्रष्टाचार का खिलाफ निगरानी खातिर बनावल जा रहल लोकपाल संस्था के चयन प्रक्रिया में विपक्ष के स्वतंत्र आवाज दबावे के कोशिश हो रहल बा.

सरकार फरवरी में उच्चतम न्यायालय के सूचित कइले रहल कि लोकपाल चयन ला एक मार्च के बइठक बोलावल जाई आ एहमें लोकसभा में सबले बड़ विपक्षी पार्टी के नेता के आमंत्रित कइल जाई.

जाने जोग बा कि अबहीं लोकसभा में कवनो विपक्षी गोल के सदस्यन के गिनिती अतना नइखे कि ओकरा के नेता विपक्ष के पद दीहल जा सके. लोकपाल चयन में नेता विपक्ष के बरियार भूमिका “विशेष आमंत्रित” का रूप में बोलावल सांसद पूरा ना कर सके. बाकिर एकर दोष सरकार भा सरकारी गोल प ना डालि के अपना करम का बारे में सोचे के चाही कि काहे जनता एह गोल के एह जोग ना बने दिहलसि.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *