खबर एक नजर में (10 जुलाई 2011)

भोजपुरी आन्दोलन से नेतवन के हटावल जाव

साहित्य अकादमी के नया चुनाइल उपाध्यक्ष प्रो॰ विश्वनाथ उपाध्याय के कहना बा कि भोजपुरी के संवैधानिक दर्जा दिआवे खातिर चल रहल कोशिश बेमतलब बा. जरुरत बा कि पहिले भोजपुरी के साहित्य समृद्ध कइल जाव. भोजपुरी भाषा के राजनीतिक चोला पहिरावे के कोशिश बन्द कइल जाव. भोजपुरी का मंच पर राजनीतिज्ञन के मौजूदगी समुझ के बाहर के बाति बा. ओहिजा भोजपुरी के साहित्यकारन के होखे के चाहीं. दोसरा भाषा वाला इलाकन में रोल माडल रविन्द्र नाथ टैगोर जइसन लोग बनल जबकि हिन्दी पट्टी में राजनीतिज्ञन के रोल मॉडल बना लिहल गइल बा.


प्रसार भारती में तीन हजार सात सौ बहाली

प्रसार भारती में अबही बारह हजार पद खाली पड़ल बा जवना पर नया बहाली करे खातिर नियुक्ति आ भरती बोर्ड के गठन के नियमावली बना के सूचना प्रसारण मंत्रालय का लगे भेजल गइल बा. ओहिजा से मंजूरी मिलला का बाद बहाली के प्रक्रिया शुरु कर दिहल जाई.


बिहार के विशेष राज्य के दर्जा खातिर सवा करोड़ दस्तखत

बिहार के विशेष राज्य के दरजा देबे खातिर सवा करोड़ दस्तखत वाला अर्जी ले के जदयू के प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह दिल्ली जा रहल बाड़े जहवाँ ई ज्ञापन प्रधानमंत्री के सँउपल जाई.


राहुल के किसान महापंचायत

काल्हु अलीगढ़ में किसान महापंचायत में राहुल गाँधी कहले कि अपना चारे दिन का यात्रा में ऊ किसानन के समस्या का बारे में अतना जान गइले जतना दोसर केहू उनुका के ना सिखा पवले रहे. राहुल गाँधी के किसान यात्रा का बाद यूपी में अब विकास के कवनो काम करावल मुश्किल हो जाई काहे कि किसान अब आपन जमीन दीहें ना आ बिना जमीन मिलले कुछ हो ना पाई. वइसे ध्यान देबे वाला बात इहो बा कि महाराष्ट्र का जैतापुर मे किसानन के जमीन ओह लोग के मरजी का खिलाफ सरकार अधिग्रहण करत बिया आ ओकरा खिलाफ राहुल कुछ नइखन बोलत. काहे कि ओहिजा विरोध कइला से उनुका राजनीति के कवनो फायदा ना होखी.


भट्टा पारसौल के किसान नेता महेन्द्र तेवतिया गिरफ्तार

काल्हु किसान महापंचायत का दिने यूपी पुलिस दिल्ली में एगो कांग्रेसी नेता का घरे शरण लिहले किसान नेता महेन्द्र तेवतिया के गिरफ्तार कर लिहलसि आ दिल्लीपुलिस के एकर भनक तक ना लागे दिहलसि. महेन्द्र तेवतिया के परिवार कहत बा कि तेवतिया के जान के खतरा बा. तेवतिया दू दिन पहिले चुनाव लड़े के मंशा जाहिर कइले रहले.


इंजीनियरिंग प्रवेश में पचास फीसदी से कम अंक वाला शामिल ना होखीहे

यूपी के ओह विद्यार्थियन के एह साल इंजिनियरिंग में प्रवेश खातिर हो रहल काउंसिलिंम में शामिल होखे के मौका ना मिल पाई. बीच प्रक्रिया में भइल बदलाव का चलते पचास फीसदी से कम अंक वाले प्रवेश परीक्षा में शामिले ना हो पवले. जे लोग शामिल होइयो गइल ओह लोग के काउंसिलिंग का पहिलके चरण में बाहर कर दिहल गइल. विश्विविद्यालय के कहना बा कि अगर पचास फीसदी से कम वालन के प्रवेश देबे के बा त परीक्षा फेर से करावे के पड़ी आ एकरा खातिर कम से कम चार महीना के समय चाहीं.


लालू प्रसाद के मंत्री बनावल जा सकेला

सुने में आवत बा कि सोमार का दिने प्रस्तावित केन्द्रीय मंत्रीमण्डल के विस्तार में लालू के जगहा दिहल जा सकेला. हाल का दिनन में कई गो घोटालाबाज मंत्रियन के इस्तीफा दे दिहला से मंत्रिमण्डल में मंत्रियन के कमी हो गइल बा आ एह मामिला में लालू के मौका दिहल मनमोहन सिंह शायद पसन्द करीहे. लालू हमेशा से कांग्रेस के साथ रहल बाड़न भलही बिहार में ओकरा जड़ में मट्ठा डाले के कामो उहे कइलन.


टेस्ट मैच में भारत मजबूत स्थिति में

वेस्टइंडीज के डोमिनिका में तिसरका टेस्ट मैच का चउथका दिने खेल खतम होखे तक वेस्ट इंडीज टीम छह विकेट का नुकसान पर २२४ रन बना लिहले रहुवे. एकरा बाद वेस्ट इंडीज के पारी से हारे के खतरा खतम हो गइल बाकिर भारत मजबूत स्थिति में बा. अगर बाकी बाँचल चारो विकेट सस्ते में निपट जात बा त भारत के बल्लेबाज आपन कमाल देखा के मैच जीत सकेले आ तब भारत एह सीरीज के दू शुन्य से जीते में कामयाब हो जाई जवन कि आजु ले नइखे भइल. अगर मैच ड्रा हो जात बा तबहियो सीरीज भारते जीती.


0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।