खबर पर एक नजर : 15 फरवरी 2013
  • आजु वसंत पंचमी का मौका पर कुंभ में आखिरी महास्नान होखत बा. कोर्ट का मना कइला का बावजूद शाही स्नान का दिने वीआईपी घाट पर कुछ लोग स्नान कइल. सरकार जाँच के आदेश दिहलसि. मौनी अमावस का दिने भइल दुर्घटना का बाद कुंभ आयोजन समिति के अध्यक्ष आजम खां के इस्तीफा मुख्य मंत्री नामंजूर कर दिहलन.
  • त्रिपुरा विधानसभा का चुनाव में ९३ फीसदी वोट पड़े के रिकार्ड बनल.
  • हेलीकाप्टर खरीद घोटाला में अब प्रणव मूखर्जीओ के नाम आइल. केन्द्र सरकार के रपट में बतावल गइल कि ई खरीद तब भइल रहे जब प्रणव बाबू रक्षा मंत्री रहलन. सरकार के इहो कहना बा कि राजग सरकार का जमाना में साल २००३ में तब के राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार ब्रजेश मिश्रा के कहला का बाद हेलीकाप्टर खरीद के शर्त बदलल गइल रहे. पहिले के बनावल शर्त बस एके कंपनी पूरा कर पावत रहे जवना का बाद ब्रजेश मिश्रा कहले रहन कि शर्त अइसन बनावल जाव कि कंपनियन में कंपटीशन होखे.
  • कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गाँधी प्रदेश अध्यक्षन आ विधानमंडल के नेता लोगन का साथे आजु से बइठका शुरू कइलन.
  • जीएसटी पर राज्य सरकारन आ केन्द्र सरकार का बीच सहमति बन गइल. राज्यन के होखेवाला घाटा के आधा केन्द्र भरपाई करी.
  • बिहार विधानसभा के बजट सत्र १८ फरवरी से शुरू होई.
  • मुख्यमंत्री किसान जीवन ज्योति योजना का तहत बिहार के किसान आ मजदूरन के स्वास्थ्य बीमा दिहल जाई.
  • रामविलास पासवान पटना में कहलन कि लोजपा के बिहार बचाओ यात्रा २२ फरवरी से शुरू हो के १२ अप्रैल ले चली.
  • बिहार इंटरमीडिएट के परीक्षा १८ फरवरी से शुरू होखी.
  • बिहार के इंजीनियरन के अनिश्चितकालीन हड़ताल आजु दसवों दिन जारी रहल.
  • भोजपुर पुलिस फर्जी वीजा बनावे वाला दू गो जालसाजन के गिरफ्तार कइलसि.
  • छपरा जेल में बंद निरक्षर कैदियन के साक्षर बनावे के काम साक्षर भारत मिशन शुरु कइलसि.
  • यूपी विधानसभा के बजत सत्र काल्हु शोरशराबा का बीच शुरू भइल. राज्यपाल आपन भाषण के शुरू आ आखिर के दू गो पैरा पढ़ के काम चला लिहलन. पूरा भाषण पढ़ल मान लिहल गइल. भाषण का बाद १७ फरवरी ले कार्यवाही स्थगित कर दिहल गइल.
  • नियंत्रण रेखा का भीतर घुसल एगो पाकिस्तानी सैनिक के मार गिरावल गइल. लाश पाकिस्तान के सँउपल गइल.
  • एगो महिला पत्रकार पर गलत टिप्पणी करे ला केन्द्रीय व्यालार रवि बिना शर्त माफी मँगलन. कहलन कि मजाक में कह गइल रहलें.
  • भोजशाला में सरस्वती पूजा शुक का दिने पड़ला का चलते बवाल भइल. पुलिस लाठी चार्ज कइलसि. भोजशाला के सरस्वती मंदिर में हर शुक के मुसलमान लोग नमाज पढ़ेला आ वसंत पंचमी का दिने हिन्दू लोग सरस्वती के पूजा करेला. अबकी के वसंत पंचमी शुक का दिने पड़ला से दुनु के आमना सामना के हालात बन गइल रहे.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।