खबर भोजपुरी में (अतवार, 23 नवंबर 2014)
5 कालिदास मार्ग, लखनऊ में आयोजित आगरा-लखनऊ एक्सप्रेसवे के शिलान्यास कार्यक्रम के संबोधित करत मुलायम सिंह यादव.

5 कालिदास मार्ग, लखनऊ में आयोजित आगरा-लखनऊ एक्सप्रेसवे के शिलान्यास कार्यक्रम के संबोधित करत मुलायम सिंह यादव.

  • बिहार के मौजूदा राज्यपाल डा॰ डी॰वाई॰ पाटिल के कार्यकाल 26 नवम्बर के पूरा होखत बा. एकरा बाद पश्चिम बंगाल के राज्यपाल केशरीनाथ त्रिपाठी के राष्ट्रपति का तरफ से बिहारो के राज्यपाली सँउपल गइल बा जबले कवनो नया राज्यपाल के नियुक्ति नइखे हो जात.
  • अपना बयानबाजी से अइले दिन चरचा में रहे वाला आ पार्टी के फजीहत करावे वााला बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी पार्टी का तरफ से अपना जबान पर काबू राखे के निर्देश पर बगावती तेवर देखावत कहले बाड़न कि उनुका जवन मन में आई तवन कहीहें. उनका के रोके वाला पार्टी के नेता लोग अपने सम्हर के बोलल करे.
  • रोहतास जिला के नोखा बाजार में एगो गहना का दूकान से लाखो रुपिया के गहना चोरा लिहल गइल बा. दुकानदार का शिकायत का बाद पुलिस चोरन के पकड़े ला जगहे जगह छापामारी करत बिया.
  • अतवार का दिने सपा सुप्रीमो मुलायम सिंह यादव आगरा लखनऊ एक्सप्रेसवे के शिलान्यास कइलन. शिलान्यास करे से पहिले सरकार आ विभाग से काम पूरा होखे के तारीख बतावे के कहलन त विभाग का तरफ से बाईस महीना में काम पूरा करा लेबे के वादा दिहल गइल. एकरा बादे मुलायम सिंह तइयार भइलन शिलान्यास करे ला. एह एक्सप्रेस वे के बन गइला का बाद लखनऊ से आगरा जाए में समय कम लागी.
  • आखिरकार भारत के ग्रैंडमास्टर विश्वनाथन आनंद के हराइए दिहलन मौजूदा विश्वचैंपियन नार्वे के मैगनस कार्लसन आ लगातार दुसरका बेर विश्व चैम्पियन बन गइलन.
  • फुटबाल के इंडियन सुपर लीग का मैच में अतवार का दिने डी. वाई. पाटिल स्टेडियम में चेन्नईन एफसी मुंबई सिटी एफसी के ओकरा घरेलू मैदाने पर तीन गोल से हरा दिहलसि. मुंबई टीम एको गोल ना कर पवलसि.
  • सोमार से शुरू होखत संसद सत्र में मोदी सरकार के घेरे ला कांग्रेस आपन पूरा जोर लगावे के एलान कइले बिया. एह काम में पुरनका जनता पार्टी खानदान से निकलल गोलो शामिल होखीहें. एह सत्र में सरकार करीब 39 गो विधेयक पास करावल चाहत बिया. लोकसभा में त मोदी सरकार के पूरा बहुमत बा बाकिर राज्यसभा में ओकरा लगे सांसदन के कमी बा. एह बीच शिवसेना कहले बिया कि केन्द्र में भाजपा के समर्थन देत रही.
  • अखिल विश्व गायत्री परिवार का ओर से बिहार के राजधानी में आयोजित तीन दिन के ‘युवा चेतना शिविर’ के आखिरी दिने अतवार के कहल गइल कि बिहार के विकास खातिर गायत्री परिवार 98 गांवन के आदर्श गांव बनावे के काम करी.
  • झारखंड आ जम्मू कश्मीर विधानसभा के चुनाव खातिर पहिला दौर के चुनाव प्रचार अतवार का साँझ से बंद हो गइल. पहिला दौर के वोट मंगल का दिने डालल जाई.
  • पश्चिम चंपारण के जगदीशपुर थाना के मँझरिया किशुन गाँव के एगो नवही धर्मेन्द्र सहनी के किडनैप क लिहल गइल बा. ओकरा के खोज निकाले आ मुक्त करावे खातिर पुलिस के एगो टीम प.बंगाल के माल्दा गइल बिया.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *