(सोमार, 12 जनवरी के खबर)
- स्वामी विवेकानन्द जयन्ती आजु देश भर में राष्ट्रीय युवा दिवस के रुप में मनावल गइल. साल 1963 में कोलकाता के एगो शाही बंगाली परिवार में जनमल विवेकानंद आधुनिक भारत के निर्माता रहलन आ उनुका देश के नवहियन के बेंवत पर पूरा भरोसा रहुवे. गृहमंत्री राजनाथ सिंह आज गौहाटी में एगो समारोह में कहलन कि वसुधैव कुटुम्बकम के विचार दुनिया में स्वामी विवेकानन्दे फइलवन.
- उत्तर प्रदेश का लखनऊ में मलिहाबाद थाना के कई गांवन में जहरीली शराब पी के मरे वालन के गिनिती एक दर्जन हो गइल बा. अबहियोें अनेके लोग अस्पतालन मेें भरती बा आ ओहू में से कुछ लोग के मौत हो सकेला. सगरी मरे वालन के परिवार के दू दू लाख रुपिया मुआविजा देबे के एलान यूपी सरकार कइले बिया. एह मामला के दोषी मानत इलाका के आबकारी निरीक्षक समेत 7 गो कर्मचारियन के निलंबित क दिहल गइल बा.
- 70 सदस्य वाली दिल्ली विधानसभा के चुनाव 7 फरवरी के एके दिन में करावल जाई. इह बात के एलान आजु चुनाव आयोग एगो संवाददाता सम्मेलन में कइलसि. गिनिती 10 फरवरी के करा लिहल जाई. चुनाव के अधिसूचना 14 जनवरी के जारी होखी आ 21 जनवरी ले परचा दाखिल कर सकी लोग. परचा 22 जनवरी के जाँचल जाई आ 24 जनवरी ले परचा वापिस लिहल जा सकेला.
- बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी सोमार का दिने कहलन कि बिहार के अगिला मुख्यमंत्री दलिते होखे के चाहीं. कहलन कि ऊ नीतीश कुमार के समर्थक हउवें बाकिर नेता के चुनाव विधायकन के सर्वसम्मति से होखी.
- यूपी विधान परिषद के 12 सीट ला होखे वाला चुनाव खातिर सोमार का दिने सपा के 8 गो उम्मीदवार आपन परचा दाखिल कइले. सपा का लगे साते गो उम्मीदवार जितावे लायक वोट बा बाकिर कांग्रेस चुनाव मैदान से बाहर हो के सपा के फायदा चहुँपा दिहले बिया. बसपा के तीन जने पहिलही आपन परचा दाखिल क चुकल बाड़न जबकि भाजपा के अकेला उम्मीदवार काल्हु आपन परचा दाखिल करीहें. अगर कवनो नया बात नइखे होखत त चुनाव के जरूरत ना पड़ी आ बारहो लोग निर्विरोध चुना जइहें.
- बिहार भाजपा के कहना बा कि ऊ कर्पूरी ठाकुर के जयंती सड़क पर मनाई काहे कि बिहार सरकार एह काम ला कवनो मैदान नइखे देत. पहिले मिलर स्कूल के मैदान देबे से मना कइलसि आ अब वेटनरी कॉलेज के देबे से मना क दिहले बिया. एह कार्यक्रम में भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह के आवे के बा.
- केन्द्र सरकार के आठ हफ्ता का भीतर प्रवासी भारतीयन के ई-मतदान अधिकार सुनिश्चित करावे के निर्देश आजु सुप्रीम कोर्ट दिहलसि.
- अफगानी जमीन के इस्तेमाल क के पाकिस्तान पर हमला करवावत बा भारत एह तरह के पाकिस्तानी आरोप के भारत खारिज करत कहले बा कि के आतंकवाद के बढ़ावा देत बा ई जगजाहिर बा.
- मुंबई शेयर बाजार के सेंसेक्स आज 127 अंक आ निफ्टी 39 अंक बढ़ के बंद भइल. डालर का मुकाबले रुपिया में 16 पइसा के मजबूती आइल. सोना के दाम में 230 रुपिया के बढ़ोतरी भइल. कच्चा तेल सोमार का दिने 49 डालर के नीचे रहल.
- पाकिस्तान के बलूचिस्तान प्रांत में आतंकवादियन के हमला में अर्धसैनिक बल फ्रंटियर कोर के सात गो जवान मार दिहल गइले.
- किरण देवी फुटबॉल टूर्नामेंट के फाइनल सोमार का दिने बेतिया के स्टूडेंट क्लब आ वीरगंज नेपाल के बीच खेलल गइल. तय समय में कवनो टीम गोल ना कर सकल त बाद में टाई ब्रेकर करावल गइल. बाकिर इहो खाली गइल त आखिर में दुनू के संयुक्त विजेता बना दिहल गइल.
- पूर्वोत्तर रेल के महाप्रबंधक राजीव कुमार मिश्रा सोमार का दिने छपरा जक्शन के निरीक्षण के दौरान कहलन कि छपरा-थावे रेलखंड के अमान परिवर्तन के काम अप्रैल महीना से शुरु क दिहल जाई.
- सिवान जिले के आसांव इलाका के बिजली गांव का लगे आजु कुछ बदमाश एगो पेट्रोल पंप के दू गो कर्मचारियन के गोली मार के घवाहिल क दिहले.
- पूर्वांचल आ बिहार में पिछला हफ्ता भर से चलत ठिठुरन वाला जाड़ा का बीच सोमार का दिने घाम निकलला से लोग के थोड़ देर खातिर राहत मिलल बाकिर साँझ होखते गलन फेरू पहिले वाला रंग ध लिहलसि.
0 Comments