खबर भोजपुरी में (मंगल, 25 नवंबर 2014)
25 नवंबर, 2014 का दिने नई दिल्ली के प्रगति मैदान में भारत अन्तर्राष्ट्रीय व्यापार मेला में खादी परिधान उत्सव-2014 के उद्घाटन का मौका पर केंद्रीय सूक्ष्म, लघु आ मध्यम उद्यम राज्य मंत्री गिरिराज सिंह मौजूद रहलन

25 नवंबर, 2014 का दिने नई दिल्ली के प्रगति मैदान में भारत अन्तर्राष्ट्रीय व्यापार मेला में खादी परिधान उत्सव-2014 के उद्घाटन का मौका पर केंद्रीय सूक्ष्म, लघु आ मध्यम उद्यम राज्य मंत्री गिरिराज सिंह मौजूद रहलन

  • बिहार के राजनीति में मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी आ जदयू नेता नीतीश कुमार का बीच बढ़त दूरी के चरचा का बीच मंगल का दिने दुनू जने जहानाबाद में मंच साझा कइलन आ एक दोसरा के बड़ाई कइलन.
  • उत्तर प्रदेश के महाधिवक्ता रहल आ मुलायम सिंह के करीबी एस.एम. काजमी के मंगल का दिने एगो सड़क हादसा में मौत हो गइल.
  • यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव मंगल का दिने लखनऊ महोत्सव के उद्घाटन कइलन. महोत्सव 25 नवंबर से सात दिसंबर ले चली.
  • उत्तर प्रदेश के निठारी कांड में फाँसी के सजा पवले सुरेंद्र कोली के फांसी लगावे पर इलाहाबाद उच्च न्यायालय के रोक एक दिसंबर ले बढ़ा दिहल गइल बा. अब अगिला सुनवाईओ एके दिसंबर के होखी.
  • उत्तर प्रदेश विधानसभा के शीतकालीन सत्र मंगल का दिने भइल हंगामा का चलते समय से पहिलहीं खतम क दिहल गइल.
  • झारखंड के नक्सल प्रभावित 6 गो जिलन में मंगल का दिने 62 फीसदी मतदान होखे के खबर बा. जम्मू कश्मीर में सत्तर फीसदी से अधिका वोट पड़े के खबर बा.
  • बिहार क्रिकेट संघ मंगल का दिने कहलसि कि सर्वोच्च न्यायालय इंडियन प्रीमियर लीग के मैचन में भइल स्पॉट फिक्सिंग आ सट्टेबाजी के जांच ला बनावल मुद्गल समिति के रिपोर्ट सार्वजनिक करा देव जेहसे कि चोर के चोर बतावल जा सके.
  • भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मंगल का दिने नेपाल सेना के इस्तेमाल खातिर नेपाल के प्रधानमंत्री सुशील कोइराला के पूरा से भारते में विकसित आ बनावल सैनिक हेलीकॉप्टर ध्रुव सँउपले.
  • थिसिस चोरावे का आरोप में गिरफ्तार दिल्ली विश्वविद्यालय के कुलपति रह चुकल दीपक पेंटल के कुछ घंटा भितरे जेल से रिहा करे के आदेश मिल गइल दिल्ली उच्च न्यायालय से.
  • मशहूर नृत्यांगना सितारा देवी लमहर बेमारी का बाद आजु मंगल का दिने जसलोक अस्पताल में दुनिया छोड़ के चल गइली.
  • अहमदाबाद के सरदार पटेल स्टेडियम में मंगल का दिेन विजय हजारे ट्रॉफी के फाइनल मुकाबला में कर्नाटक के टीम पंजाब के टीम के 156 रन से हरा के खिताब जीत लिहलसि.
  • गोवा विधानसभा अध्यक्ष राजेंद्र अरलेकर आजु मंगल का दिने विधायक आ मुख्यमंत्री रहल मनोहर पर्रिकर के विधायकी से इस्तीफा मंजूर क लिहले. पर्रिकर अब देश के रक्षा मंत्री बन गइल बाड़े आ हरियाणा से राज्यसभा सांसद.
  • सड़क परिवहन आ राजमार्ग मंत्री नितिन गडकरी मंगल का दिने दिल्ली-काठमांडू बस सेवा के हरियर झंडी देखा के रवान कइलन. कहलन कि अउरिओ पड़ोसी देशन से एह तरह के सेवा शुरू करे पर विचार होखत बा. ओने काठमांडु से प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी झंडी देखाके काठमांडू-दिल्ली बस सेवा के शुरुआत करवलन.
  • राजस्थान में पिछला 22 नवंबर के भइल 46 गो निकायन के चुनाव में भाजपा के 27 गो निकायन पर जीत मिलल बा.
  • केंद्रीय स्वास्थ्य आ परिवार कल्याण मंत्रालय के विशेषज्ञ समिति सलाह दिहले बिया कि सिगरेट के खुदरा बिक्री रोक दिहल जाव आ सार्वजनिक जगहा पर सिगरेट पिए वालन पर बड़हन जुर्माना लगावल जाय.
  • सर्वोच्च न्यायालय मंगल का दिने कहलसि कि बीसीसीआई के निर्वासित अध्यक्ष एन. श्रीनिवासन के दामाद गुरुनाथ मयप्पन के आईपीएल में सट्टेबाजी में सनाइल होखल नाजायज व्यापार जइसन बा.
  • ढेर दिन से टरत आवत डीडीए आवासीय ड्रॉ के परिणाम आखिरकार मंगल का दिने घोषित क दिहल गइल.
  • लोकसभा में दिल्ली विशेष पुलिस स्थापना अधिनियम के संशोधित विधेयक मंगल का दिने पेश कइल गइल. एहमें व्यवसथा बा कि चयन समिति में सदन के सबले बड़का विपक्षी दल के नेता के सदस्य बनावल जाई. पहिले नेता विपक्ष के सदस्य बनावे के नियम रहुवे बाकिर मौजूदा सदन में कवनो गोल के विपक्षी दल के मान्यता लायक सांसद नइखन जीतल.
  • मंगल का दिने शेयर बाजार में तेज गिरावट देखे के मिलल आ सेंसेक्स 161 अंक नीचे गिर के 28,338.05 पर आ निफ्टी 67.05 अंक गिर के 8,463.10 पर बंद भइल.
  • कोयला ब्लॉक आवंटन मामिला के सुनवाई करत एगो विशेष अदालत मंगल का दिेने सीबीआई से सवाल कइलसि कि घोटाला का समय कोयला मंत्री रहल मनमोहन सिंह से पूछताछ काहे ना भइल त सीबीआइ कहलसि कि उनुका से पूछताछ करे के इजाजते ना मिलल रहुवे.
  • भारत आ आस्ट्रेलिया एकादश के बीच क्रिकेट के अभ्यास मैच मंगल का दिने बरोबरी पर छूटल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *