Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

खबर भोजपुरी में (मंगल, 6 जनवरी 2015)

(सोमार, 5 जनवरी के खबर)

Saina Nehwal

सायना नेहवाल

  • जम्‍मू कश्‍मीर से लागल भारत पाकिस्तान सीमा पर सोमारो का दिने फेरू पाकिस्तानी गोलाीबारी भइल जवना से बीएसएफ के एगो जवान शहीद हो गइल. पाकिस्तान गोलीाबारी का ओट में आतंकियन के भारत में घुसावे के फेर में बा. हाल का दिन में चार गो जवान आ एगो नागरिक महिला के मौत भइल बा जबकि पाकिस्तान का ओर पाँच गो रेंजर्स आ एगो लइकी के जान गइल बा जवाबी हमला में.
  • कांग्रेसी प्रवक्ता सुरजेवाला कहले बाड़न कि देश के सुरक्षा का मामला में फर्जी श्रेय ना लेबे के चाहीं आ एह बारे में सवाल उठाएवालन के पाकिस्तानी ना कहे के चाहीं. कांग्रेस नइखे माने चाहत कि कोस्टगार्ट के चुस्ती का चलते देश पर एगो आतंकी हमला करे के साजिश नाकाम कर दिहल गइल.
  • मुक्त बाजार समर्थक अर्थशास्‍त्री अरविन्‍द पानागड़िया के नेशनल इंस्‍टीच्‍यूशन फॅार ट्रांसफार्मिंग इंडिया (NITI) आयोग के उपाध्‍यक्ष आ अर्थशास्‍त्री बिबेक देबरॉय अउर रक्षा सचिव रहल वी के सारस्‍वत के एकर पूर्णकालिक सदस्‍य बनावल गइल बा. ई नियुक्ति आयोग के अध्यक्ष आ प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी कइलन. केन्‍द्रीय मंत्री राजनाथ सिंह, अरूण जेटली, सुरेश प्रभु आ राधामोहन सिंह के आयोग के पदेन सदस्‍य बनावल गइल बा. केन्‍द्रीय मंत्री नितिन गडकरी, थावर चंद गहलोत आ स्‍मृति ईरानी के विशेष आमंत्रित सदस्‍य बनावल गइल बा.
  • खेल मंत्रालय पद्मभूषण सम्मान खातिर माथ महिला बैडमिंटन खिलाड़ी सायना नेहवाल के नाम के सिफारिश करे के फैसला कइले बा. सायना नेहवाल एह खातिर खेल मंत्री सर्वानंद सोनोवाल ला आभार जतवले बाड़ी.
  • श्रीलंका में आठ जनवरी के होखे जात राष्‍ट्रपति चुनाव के प्रचार के आखिरी दिने देश में कई जगहा से हिंसा के खबर बा. एह चुनाव में मौजूदा राष्‍ट्रपति महिन्‍द्रा राजपक्षे आ विपक्ष के उम्‍मीदवार मैत्रीपाल श्रीसेना के बीच कांटा के टक्‍कर बतावल जात बा.
  • बरखा का चलते जाड़ा से मिलल राहत के दू दिन बाद उत्तर भारत में फेरू जाड़ा बढ़े लागल बा.
  • बंगलादेश में संसदीय चुनाव भइला के पहिला सालगिरह पर सत्‍ताधारी अवामी लीग आ विपक्षी बंगलादेश नेशनलिस्‍ट पार्टी के कार्यकर्तन का बीच भइल मारपीट से दू लोग के मौत होखे के खबर बा. बंगलादेश नेशनलिस्‍ट पार्टी के नेता खालिदा जिया शनिचर राते से अपना कार्यालय में नजरबंद बाड़ी. विपक्ष सोमार का दिने लोकतंत्र हत्‍या दिवस के रूप में मनावे के एलान कइले रहुवे.
  • वाराणसी के मड़ुवाडीह टीसन से छपरा जं. ले चले वाली डीएमयू सोमार से चलल शुरु क दिहलसि. ई रेल गाड़ी अतवार छोड़ रोज चलल करी. एकर संचालन आज रेल राज्यमंत्री मनोज सिन्हा एगो वीडियो कांफरेंसिंग क के गाजीपुर टीसन पर आयोजित एगो समारोह में कइलन. डीएमयू छपरा से सबेरे छह बजे चल के पौने दू बजे मड़ुआडीह चहुँपी आ ओहिजा से तीन बजे खुल के छपरा रात के दस बजे चहुँपी. बीच के हर टीसन पर एकर ठहराव होखल करी.
  • इलाहाबाद में गंगा, यमुना आ सरस्वती नदियन के संगम पर लागे वाला माघ मेला सोमार का दिन से शुरु हो गइल आ 17 फरवरी के महाशिवरात्रि के दिन ले चली. मेला क्षेत्र 1550 बीघा में पसरल बा.
  • लगभग डेढ़ सौ करोड़ रूपिया के लागत से इण्डियन ऑयल के बाटलिंग प्लांट गोरखपुर में लागे वाला बा. 9 जनवरी के एकर शिलान्यास होखी आ दू साल में बन के तइयार हो जाई. एहिजा से रोजाना सवा सौ ट्रक गैस सिलिण्डर के आपूर्ति कइल जाई आ करीब तीन सौ लोकल लोग के रोजगार मिल जाई.
  • बिहार मुख्यमंत्री आवास में बोलावल जनता दरबार के दौरान एगो छपरहिया नवही मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी पर जूता फेंकलस. जूता मुख्यमंत्री ले ना चहुँपल आ ओकरा के गिरफ्तार क लिहल गइल बा. छपरा जिला के रहेवाला अमृृतेश नाम के ई नवही आआपा पार्टी से जुड़ल बतावल जात बा. बिहार के सगरी बड़का राजनीतिक गोल एह नवही के निंदा कइले बाड़न.
  • डीबीटीएल के फार्म गलत भरइला का चलते अगर राउर फआर्म सकारल ना जाई त रउरा मोबाइल प ओकर खबर आ जाई आ बता दिहल जाई कि का कमी रह गइल बा. ओकरा बाद रउरा फेरु से आपन फार्म भर केजमा कर सकब.
  • पश्चिम चम्पारण जिला के साठी इलाका के अगौना गांव में पारिवारिक झगड़ा ले के एगो भतीजा अपना चाचा के पीट-पीट के मुआ दिहलसि.
  • पश्चिमे चम्पारण के अरेराज बेतिया मेनरोट पर पकड़िया का लगे सोमार का सबेरे भइल ट्रक आ बोलेरो के टक्कर का बाद आधा दर्जन सवारी घवाहिल हो गइले. सभका के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • पूर्व मध्य रेलवे के दानापुर मंडल के गिद्धौर टीसन का लगे टाटा-छपरा एक्सप्रेस के तीन गो स्लीपर कोच में डकैती डाल के करीब पाँच लाख रुपिया के सामान, नकदी आ गहना लूट लिहले सँ. बतावल जात बा कि एह दौरान रेल पुलिस के टीम लुकाइल रहल.
  • भोजपुर जिला के आरा रिमांड होम से सोमार का दिने दू गो बाल कैदियन के फरार भइला के पता चलल बा.
  • सिवान के जीबीनगर इलाका में एगो व्यवसायी से दू लाख रुपिया लूट लिहल गइल.
  • रोहतास जिला के दिनारा इलाका के धवनिया गांव में खिसियाइल बाप अपना बेटा के हत्या क दिहलसि.
  • छपरा, दरभंगा, आ मधेपुरा में केंद्रीय सहकारी बैंक खोले के फैसला भइल बा. सहकारिता मंत्री जय कुमार सिंह बतवलन कि हर जिला में सहकारी बैंक खोले के फैसला कइल गइल बा जेहसे किसानन के सुविधा होखो.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *