खबर भोजपुरी में (शनिचर, 22 नवंबर 2014)
मसूरी का लाल बहादुर शास्त्री प्रशासन अकादमी से प्रशिक्षित आ राज्य लोक सेवा से भारतीय प्रशासनिक सेवा में प्रोन्नत अधिकारी राष्ट्रपति भवन में राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी से भेंट कइले.

मसूरी का लाल बहादुर शास्त्री प्रशासन अकादमी से प्रशिक्षित आ राज्य लोक सेवा से भारतीय प्रशासनिक सेवा में प्रोन्नत अधिकारी राष्ट्रपति भवन में राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी से भेंट कइले.

  • आपन जनमदिन शान से मनवावे वाला आजम खान के जनम भर कर्जदार रहीहें मुलायम सिंह यादव. कहलन कि अइसन जनमदिन के खातिर आजम के करजा जिनिगी भर में ना उतार पइहें. जनमदिन पर मुलायम के बधाई भेजत उनकर लमहर उमिर के कामना कइलन पीएम मोदीओ. जनमदिन मनावे खातिर बदायूं में कम्बल बँटाइल आ कंबल लूटे का फेर में लोग एगो बूढ़ औरत के कचार के मुआ दीहल.
  • हाई कोर्ट का तरफ से गैरकानूनी बतवला का बावजूद जामा मस्जिद के इमाम सैयद अहमद बुखारी अपना बेटा शाबान बुखारी के बाकायदा दस्तारबंदी करा के नायब इमाम बना दिहलें. पाकिस्तानी प्रधानमंत्री के नेवता भेजले रहले बाकिर नवाज शरीफ ना अइलें.
  • बनारस के महात्मा गाँधी काशी विद्यापीठ के दीक्षान्त समारोह में अपना संबोधन में राज्यपाल राम नाईक शिक्षा के बाजारीकरण पर चिंता जतवलन.
  • सोमार से शुरू होखे वाला संसद सत्र का पहिले लोकसभा अध्यक्ष सगरी गोलन के बइठका बोलवली बाकिर सारधा घोटाला में सीबीआई के तेजी से हरान परेशान ममता बनर्जी के पार्टी तृणमूल कांग्रेस एह बइठका से अलगा रहे के एलान कइलसि.
  • सारधा घोटाला में तृणमूल के राज्यसभा सांसद सृंजय बोस के सीबीआई के हिरासत में भेज दिहले बावे अदालत. एह बारे में ममता के कहना बा कि नेहरू जयन्ती के कार्यक्रम में शामिल होखला का चलते उनुका गोल के परेशान कइल जात बा. केन्द्र के चुनौती देत ममता कहली कि बा हिम्मत त उनुका के गिरफ्तार क देखावे केन्द्र सरकार.
  • फुटबाल के सुपर लीग का मैच में शनिचर का दिने गोवा एफसी पुणे के हरा दिहलसि आ अंकतालिका में चउथा जगहा पर आ गइल.
  • सांसद ग्राम योजना का तहत मुलायम सिंह आजमगढ़ के तमौली गांव के अपनवलें त मायावती लखनऊ के बगल के एगो गाँव के अपना लिहली.
  • पूर्वी चंपारण जिला के डुमरिया घाट चौक का लगे एगो ट्रक आ ट्रैक्टर के बीच टक्कर का चलते दू जने के मौत हो गइल.
  • सारण जिला के छपरा सिवान रोड पर टेकनिवास का लगे दू गो गाड़ी टकरइला से तीन जने घवाहिल हो गइले.
  • पश्चिम चंपारण के खेरतिया गाँव से छह गो ठगन के पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि. ई नोट दुगुना करे का नाम पर गाँव वालन के ठगत रहले.
  • जनवरी से बाजार दाम पर गैस के सिलेंडर खरीदे के पड़ी आ सबसिडी के रुपिया सीधे गाहक के बैंक खाता में भेजल जाई. हो सकेला कि टैक्स देबे वाला लोग के एह सबसिडी से निकाल दिहल जाव.
  • शनिचर का दिने दिल्ली मेट्रो पूरा तरह से विज्ञापन से तोपाइल ट्रेन चलावल शुरु क दिहलसि. मेट्रो चाहत बिया कि टिकट का अलावहू कमाई के रास्ता निकाल लिहल जाव.
  • चार गो टेस्ट मैच के श्रृंखला खेले खातिर भारत के क्रिकेट टीम शनिचर का दिने विराट कोहली के नेतृत्व में आस्ट्रेलिया खातिर रवाना हो गइल.
  • हांगकांग ओपन का सेमीफाइनल में श्रीकांतो हार के बाहर हो गइलें आ अब भारत के कवनो चुनौती एह टूर्नामेंट में नइखे रह गइल.
  • रोहतास जिला के डालमियानगर इलाका में सड़क हादसा में एगो विद्यार्थी के मौत हो गइल. खिसियाइल लोग दू गो बस समेत नाहियो त सात गो वाहन जरा दिहल. पुलिस पर ढेलामारी कइला का बाद पुलिसो लाठी चला के भीड़ भगवलसि.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *