खबर भोजपुरी में (शनिचर, 3 जनवरी 2015)

(शुक, 2 जनवरी के खबर)

शुक का दिने मुंबई में डिजिटल गाँव अकोदरा के राष्ट्र के समर्पित करत पीएम मोदी. मौका रहल आईसीआईसीआई के 60वाँ स्थापना दिवस के.

शुक का दिने मुंबई में डिजिटल गाँव अकोदरा के राष्ट्र के समर्पित करत पीएम मोदी. मौका रहल आईसीआईसीआई के 60वाँ स्थापना दिवस के.

  • भारत क कोस्ट गार्ड नया साल का ठीक पहिले गुजरात के पोरबंदर से 365 किलोमीटर फरका अरब सागर में विस्‍फोटक भरल एगो नाव के रोके आ पकड़े के कोशिश कइलस त ओह पर सवार अपना नाव के बम से उड़ा दिहले. एह भयंकर विस्फोट का बाद ओह पर सवार कवनो आतंकी के बचे के सवाले नइखे. बतावल जात बा कि नाव पाकिस्तान के कराची चलल रहुवे आ ओह पर सवार आतंकियन के इरादा नया साल का दिने मुबंई हमला जइसन कार्रवाई करे के इरादा राखत रहले.
  • उत्‍तर प्रदेश के बदांयू जिला के मूसाझाग थाना के दू गो सिपाही बुुध का रात में प्रहलादपुर गांव से एगो नाबालिग लईकी के जबरिया उठा ले अइले आ ओकरा संगे सामूहिक कुकर्म कइलें. घटना के जानकारी मिलला का बाद थाना के प्रभारी के निलंबित क दिहल गइल बा आ दुनू फरार हो गइल सिपाहियन के गिरफ्तार करे के कोशिश चलत बा.
  • कांग्रेस के कहना बा कि केन्द्र सरकार योजना आयोग खतम क के नीति आयोग बनावे के काम क के सत्‍ता के केन्‍द्रीयकरण करत बिया. अब नीति आयोग प्रधानमंत्री कार्यालय से जुड़ल महज एगो विस्तार बन के रह जाई.
  • शुक का दिने लगातार छठवां सत्र में बढ़त दर्ज करत मुंबई के शेयर बाजार के सेंसेक्‍स 380 अंक उछल के आ निफ्टी 111 अंक उछल के बंद भइल. सोना 75 रुपिया सस्ता भइल आ चाँदी 400 रुपिया सस्ता.
  • भारत में अमरीका के नया राजदूत रिचर्ड राहुल वर्मा शुक का दिने नई दिल्‍ली पहुंचले. भारत में नियुक्‍त होखे वाला भारतीय मूल के ऊ पहिला अमरीकी राजदूत हउवें. पिछला राजदूत नैंसी पावेल मार्च 2014 में इस्‍तीफा दे दिहले रही.
  • संयुक्‍तराष्‍ट्र मुख्‍यालय में अब दिवाली आ गुरूपर्व का दिने कवनो बइठक ना होखल करी. विदेश मंत्रालय के प्रवक्‍ता सैयद अकबरूद्दीन ट्वीट क के बतवले बाड़न कि अइसन पहिला बेर होखत बा.
  • कउड़ा का आगि से मँड़ई में लागल आग का चलते बलिया के चितबड़ागाँव के बसुदेवा गाँव में एके परिवार के तीन गो भाई बहिन जर गइले. यूपी सरकार का तरफ से परिवार के डेढ़ डेढ़ लाख के मुआवजा देबे के एलान भइल बा.
  • प्रधानमंत्री रहल चन्द्रशेखर के जयंती का मौका पर अब यूपी में 14 अप्रैल के सार्वजनिक छुट्टी दिहल जाई. एही तारीख के उनकर अधिकृत जनम दिन मान लिहल गइल बा काहे कि एही दिने बलिया के लोग उनकर जनमदिन मनावत आइल बा.
  • सतरह साल ले बिहार में जंगल राज चलावे वाला आ चाराघोटाला में दोषी हो के सजा सुन चुकल लालू प्रसाद के कहना बा कि ऊ हुँड़ार ना हउवन आ बिहारो के लोग डरपोक ना ह जे डेरा जाई. कहलन कि जदयू आ राजद के मन मिल चुकल बा बस दल मिलावल बाकी बा.
  • पूर्वोत्तर रेलवे के लखनऊ मण्डल के गोण्डा-बढ़नी रेलखण्ड पर छोटी लाइन के बड़की लाइन में बदले के काम मार्च महीना ले पूरा हो जाए के उमेद बा. एकरा बाद गोरखपुर-गोण्डा मार्ग पर रेलगाड़ी चलल शुरु हो जइहें स. बढ़नी तक रेल लाइन के पहिलही बड़की लाइल बनावल जा चुकल बा.
  • भदोही जिला के सेमराध नाथ धाम में एक महीना ले चले वाला माघ मेला शुरू हो गइल बा. मेला के शुरुआत भदोही के जिलाधिकारी गंगा पूजन आ आरती क के कइलन.
  • न्यायमूर्ति एल नरसिम्हा रेड्डी के शुक का दिने पटना उच्च न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश पद के किरिया धरावल गइल. ऊ हिन्दी में किरिया लिहलन.
  • गंगा नदी पर बनत दीघा-सोनपुर सह सड़क पुल के एह साल के आखिर ले पूरा बन जाए के उमेद बा. ट्रैक के ट्रायल करावल जा चुकल बा आ अब संपर्के सड़क के काम बाकी बा. पुल बन गइला का बाद पटना से सोनपुर, मुजफ्फरपुर, मधुबनी आ दरभंगा समेत अनेके जगहा के दूरी बहुते कम हो जाई.
  • पश्चिम चम्पारण जिला के साठी थाना के हरनहिया गांव का लगे एगो ट्रैक्टर आ मोटरसाईकिल के टक्कर से मोटरसाईकिल सवार नवही के मौत हो गइल.
  • शुक का दिने भइल बरखा से उत्‍तर भारत में ठंड अउरी बढ़ गइल बा जबकि तापमान में मामूली बढ़ोतरी भइल बा. यूपी में दू दिन से बरखा बूनी के दौर जारी बा आ एह चलते गलन बढ़ गइल बा. बिहारो में रुक रुक के बरखा होखे के दौर जारी बा.

0 Comments