Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

खबर भोजपुरी में (शुक, 5 दिसंबर 2014)

(बियफे 4 दिसंबर के खबर)

4 दिसंबर का दिने राष्ट्रपति रहल आर॰ वेंकटरमण के जयंती का मौका पर राष्ट्रपति भवन में पुष्पांजलि अर्पित कइलें मौजूदा राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी.

4 दिसंबर का दिने राष्ट्रपति रहल आर॰ वेंकटरमण के जयंती का मौका पर राष्ट्रपति भवन में पुष्पांजलि अर्पित कइलें मौजूदा राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी.

  • मऊ जिला के रानीपुर थाना के महासो गाँव का नियरा एगो बिना फाटक वाला क्रासिंग पर एगो स्कूल वाहन के आजमगढ़ से वाराणसी जात तमसा पैसेंजर ट्रेन से धक्का लाग गइल जवना से पाँच गो छोट विद्यार्थियन के ओहिजे मौत हो गइल आ आठ गो अउरी छात्र घवाहिल हो गइले. राज्य सरकार का तरफ से मृतक के परिवारन के अढ़ाई अढ़ाई लाख आ घाहिलन के पचास पचास हजार रुपिया के आर्थिक सहायता दिहल जाई. एह हादसा के मजिस्ट्रेटी जाँच के आदेश दे सिहल गइल बा. रेल मंत्री सुरेश प्रभु एह हादसा खातिर स्कूल वैन ड्राइवर के दोषी ठहरवले.
  • समाजवादी विचारधारा के राजनीतिक गोलन के आजु बियफे का दिने दिल्ली में मुलायम सिंह यादव का डेरा पर बइठका भइल जवना में जदयू के नीतीश कुमार आ शरद यादव, राजद के लालू प्रसाद यादव, जनता दल सेकुलर के एचडी देवगोड़ा, आ इनेलोद के दुष्यंत चौटाला समेत अउरियो कुछ बड़का नेता लोग शामिल भइल. तय भइल कि सगरी गोल मिला के एगो बड़हन समाजवादी जनता दल बनावे खातिर मुलायम सिंह यादव खाका तइयार करीहें.
  • बसपा सुप्रीमो मायावती कहली कि जनता दल परिवार में बसपा के शामिल होखे के कवनो सवाले नइखे उठत काहें कि बसपा राजनीतिक गोले ना एगो सामाजिक आन्दोलनो ह आ भाजपा के विरोध का नाम पर आपन विचारधारा ना छोड़ सके बसपा.
  • आजु बैंकवालन के हड़ताल बिहार में भइल. यूपी में काल्हु भइल रहुवे. लगन का मौका पर एह तरह के काम से जनता के परेशान क के आपन तनखाह अउरी बढ़वावे ला सरकार पर दबाव बनावे ला ई हड़ताल कइल गइल.
  • एक महीना चलला का बाद आजु हरिहर क्षेत्र में लागल सोनपुर मेला के विधिवत समापन क दिहल गइल. समापन करत बिहार के मुख्य सचिव अंजनी कुमार सिंह कहलन कि मेला से बिहार में पर्यटन के भरपूर बढ़ावा मिले एह बाबत कोशिश होखी.
  • रोहतास जिला के सासाराम में धरमशाला का लगे एगो बेकाबू वाहन से कचरा के एगो आदमी के ठाँवे प मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइले.
  • आपुस के कड़वाहट भुला के महाराष्ट्र में भाजपा आ शिवसेना में फेरू करार हो गइल आ शुक का दिने शिवसेना के दस गो विधायकन के मंत्री बना दिहल जाई, एह विस्तार में भाजपो के आठ गो नया मंत्री बनावल जइहें. शिवसेना के दू गो मंत्री फरवरी में बढ़ावल जाई. देश में ई पहिला बेर होखत बा कि मुख्य विपक्षी गोल सीधे सरकार में शामिल होखे जा रहल बा.
  • भारत के कवनो भाषा के अल्पसंख्यक भाषा ना कहल जा सके. जनगणना का हिसाब से देश में 22 गो अनुसूचित आ 100 गैर अनुसूचित भाषा बाड़ी सँ. गैर अनुसूचित भासन में सबले अधिका भोजपुरी के लोग बा जवना के अनुसूचित बनावे खातिर बेर बेर आंदोलन आ माँग होत रहेला बाकिर पता ना काहें सरकार कवनो ना कवनो बहाने एहसे महटियावत रहेली सँ.
  • पिछला महीना छत्तीसगढ़ के नसबंदी कैम्प में भइल मौतन के मामिला में गिरफ्तार मुख्य आरोपी डॉ. आर. के. गुप्ता के बियफे का दिने बिलासपुर उच्च न्यायालय से जमानत मिल गइल.
  • बियफे का दिने न्यायमूर्ति कृष्णा अय्यर के सौ साल के उमिर में निधन हो गइल. प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एह पर संवेदना जतावत उनुका के अनुभवी वकील, प्रख्यात न्यायविद, प्रबुद्ध दार्शनिक आ सबले बढ़ के बढ़िया इंसान बतवले.
  • युवराज सिंह, गौतम गम्भीर, वीरेंद्र सहवाग, हरभजन सिंह आ जहीर खान के अगिला साल होखे वाला विश्व कप टीम खातिर नइखे चुनल गइल. लागत बा कि अब एह खिलाड़ियन के देश खातिर खेले के मौका ना मिली शायद.
  • उत्तर प्रदेश के मंत्री आजम खां के कहना बा कि राम जन्मभूमि-बाबरी मस्जिद मामिला से मुख्य मुद्दई हाशिम अंसारी के पीछे हट गइला का बावजूद मामिला पर कवनो असर ना पड़ी. ओने सुने में आवत बा कि हाशिम अंसारी पीएम मोदी से भेंट क के एह मामिला पर जल्दी से फैसला सुनावे खातिर स्पेशल कोर्ट बनावे के माँग करीहें. हाशिम के कहना बा कि समय आ गइल बा कि रामलला के तिरपाल से आजाद करावल जाव.
  • मध्य प्रदेश में भइल नगर निकाय चुनावन में भाजपा के निकहा सफलता मिलल बा. राज्य के सगरी नौ गो नगर निगमन में महापौर का पद पर भाजपा के उम्मीदवार जीतल बाड़ें.
  • आस्ट्रेलिया दौरे पर गइल भारत के जूनियर पुरुष हॉकी टीम बियफे का दिने ब्रिस्बेन में भइल अपना पहिला मैच में न्यूजीलैंड के 5-1 से हरा दिहलसि.
  • बियफे का दिने शेयर बाजारों में तेजी दर्ज भइल आ सेंसेक्स 120 अंक ऊपर चढ़ के बंद भइल.
  • स्क्वॉश चैम्पियनशिप में बुध का दिने भारत के महिला स्क्वाॅश टीम आस्ट्रिया के 3-0 से हरवलसि बाकिर दोसरा मैच में दक्षिण अफ्रीका से 1-2 से हार गइल.
  • भुवनेश्वर में होखत हॉकी चैंपियन्स ट्राफी के पहिले अभ्यास मैच में भारत के पुरुष हाॅकी टीम आस्ट्रेलिया के दू गोल से हरा दिहलसि. आस्ट्रेलिया एको गोल ना कर पवलसि.

0 Comments