Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

खबर भोजपुरी में (सोमार, 1 दिसंबर 2014)
30 नवम्बर, 2014 का दिने इंफाल में मणिपुर संगई महोत्सव-2014 के समापन समारोह के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी.

30 नवम्बर, 2014 का दिने इंफाल में मणिपुर संगई महोत्सव-2014 के समापन समारोह के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी.

  • पेट्रोल आ डीजल के दाम में अतवार का अधरतिया से फेरू कमी क दिहल जाई. दुनिया के बाजार मेश कच्चा तेल के दाम में लगातार गिरावट का चलते ई कमी आइल बा. पेट्रोल के दाम में हर लीटर पर 91 पइसा आ डीजल का दाम में चौरासी पइसा के कमी कइल गइल बा.
  • आसाम के गुवाहाटी में पुलिस महानिदेशकन के सम्मेलन में पीएम मोदी पुलिस के स्मार्ट बनावे पर जोर दिहलन. कहलन कि देश के सुरक्षा ला हथियारो ले बेसी काम करेला सही खुफिया जानकारी. कहलन कि आजादी का बाद से देश भर में शहीद भइल तैंतीस हजार पुलिस कर्मियन के सम्मानित करे के चाहीं आ ओह लोग का बारे में स्मारिका जारी होखे के चाहीं.
  • सिद्धार्थ नगर में एगो बहुद्देशीय काम्प्लेक्स के नींव रखला का बाद रेल राज्यमंत्री मनोज सिन्हा बतवलन कि नौगढ़ टीसन के नाम बदल के सिद्धार्थनगर कइल जाई, आ बढ़नी से गोण्डा ले रेल लाइन के गेज बदले के काम अगिला तीन महीना में पूरा करा लिहल जाई.
  • जौनपुर जिला के केराकत में बारह करोड़ रुपिया खरच क के एगो महिला डिग्री काॅलेज खोले के यूपी सरकार से मंजूरी मिल गइल बा. केराकत के विधायक गुलाब चन्द सरोज बतवलन कि काॅलेज ला जमीन खोजल जात बा आ जमीन मिलते निर्माण के काम शुरू क दिहल जाई.
  • जौनपुर जिला के सिकरारा थाना के सिउरा गाँव में एगो मेहरारू अपना तीन गो बचवन के इनार में फेंक के अपनो कूद गइल. औरतिया के त बचा लिहल गइल बाकिर बचवन के ना बचावल जा सकल. कवना चलते ऊ ई काम कइलसि अबहीं पता नइखे चलल. ओकर मरद मुंबई में काम करेला.
  • जौनपुर जिला के हरिहरपुर रेलवे ढाला का नियरा अतवार के देर साँझ एगो वाहन पलट गइला का चलते तीन गो सवारियन के मौत हो गइल आ डेढ़ दर्जन लोग घवाहिल हो गइलें. एहमे दू जने के हालत बहुते खराब बतावल जात बा.
  • बागपत में भइल राज्य स्तरीय जूनियर बाल वालीबाॅल के फाइनल में स्पोर्ट्स काॅलेज गोरखपुर के टीम फैजाबाद के हरा के खिताब जीत लिहलसि.
  • गोपालगंज जेल के छत से गिर के एगो कैदी घवाहिल हो गइल बा. पता लगावल जात बा कि ऊ छत पर गइल कइसे आ गिरल कइसे.
  • बक्सर जिला के बेलाँव गाँव में एगो एलआइसी एजेंट के गोली मार के मुआ दिहल गइल. झगड़ा जमीन के रहुवे.
  • आजु अतवार के आयोजित कार्यक्रम में जदयू प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह देश के हिन्दू समाज के अगड़ा पिछड़ा में बाँटे वाला प्रधानमंत्री रहल वीपी सिंह के बरखी का दिने सरधांजलि दिहलन.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *