Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

खबर भोजपुरी में (सोमार, 18 मई 2015)
  • मंगोलिया आ भारत के आपसी संबंध के रणनीतिक साझेदारी का स्‍तर पर ले जाए के सहमति भारत के पीएम नरेन्द्र मोदी आ मंगोलिया के पीएम सैखन बीलिग का बीचे हो गइल बा. साथ ही भारत मंगोलिया के एक अरब डालर के करजा देबे के फैसला कइले बा जवन भारत के पूरब ओरि देखे के नीति का तहत लीहल गइल बा. मंगोलिया में मोदी के शानदार स्वागत भइल आ ओहिजा के बड़हन उपहार मानल जाए वाला घोड़ा उपहार में दीहल गइल. पहिला बेर अतवार का दिने मंगोलिया के संसद के बइठक बोलावल गइल आ ओहमें मोदी के भाषण करावल गइल.
  • तीन देशन के यात्रा कार्यक्रम में आखिरी देश रहल दक्खिन कोरिया जहाँ आज प्रधानमंत्री मोदी चहुँप गइलन. एहिजा के क्‍युंग ही विश्‍वविद्यालय में भारतीय समुदाय के एगो सार्वजनिक कार्यक्रम में मोदी के शामिल होखे के कार्यक्रम बा. मोदी जहवें जालें ओहिजा के भारतीय समुदाय से बतियावल ना भुलास.
  • पिछला साल के सकल घाटा निशानो से कम राखे में भारत सरकार सफल रहल आ घाटा चार फीसदी ले रहल. जबकि निशान 4.1 फीसदी के राखल गइल रहे. ई घाटा कम भइला से ब्याज भुगतान के खरचा में कमी आइ आ ढाँचागत विकास खातिर अधिका धन हासिल हो सकल. एक ओर घाटा कम रहल त दोसरे ओर सकल कर के बटोर पिछला साल का मुकाबले 9 फीसदी बढ़ गइल.
  • आयुर्वेद, योग आ प्राकृतिक चिकित्‍सा, यूनानी, सिद्ध अउर होम्‍योपैथी चिकित्‍सा पद्धतियन के विकास खातिर आयुष विभाग के पांच हजार करोड़ रूपिया के आवंटन दिहले बिया केनद्र सरकार.
  • बिहार के गया जिला में एगो महिला नक्सली मुठभेड़ में मारल गइल त छत्तीसगढ़ में तीन गो पुलिसकर्मी नक्सली हमला में शहीद हो गइलें. जम्मू कश्मीर के किश्तवाड़ में एगो आतंकी ठिकाना से बहुते असलहा बरामद कइल गइल. हालांकि एहिजा कवनो आतंकी पकड़ में ना आइल.
  • बंगलुरू में अतवार का दिने होखे वाला आईपीएल मैच बरखा का चलते रद्द क दीहल गइल. एह चलते रॉयल चैलेंजर्स बंगलौर सोलह अंक लेके प्‍लेऑफ में चहुंप गइल. दोसर मैच में मुम्‍बई इंडियन्‍स टीम सनराइजर्स हैदराबाद के हरा दिहलसि. अब एह दुनू टीम के बराबर अंक हो गइल बा.
  • रोम मास्‍टर्स टेनिस टूर्नामेंट के महिला डबल्‍स फाइनल में सानिया मिर्जा आ मार्टिना हिंगिस के माथ जोड़ी हंगरी के टिमिया बाबोस आ फ्रांस के क्रीस्‍टीना म्‍लादेनोविच के जोड़ी से हार गइल.
  • बिहार विधानसभा चुनाव सितम्बर-अक्टूबर में करावे के बात कहलन मुख्य चुनाव आयुक्त नसीम जैदी. कहलन कि आयोग तइयारी के अंतिम रूप देबे में लागल बा आ 31 जुलाई ले तारीखन के फैसला क लीहल जाई. हालांकि एह बात के कवनो जानकारी ना दिहलन कि चुनाव के कव गो दौर होखी.
  • राजद से निकालल गइल नेता आ सासंद राजेश रंजन उर्फ पप्पू यादव आपन नया पार्टी बनावे के एलान कइलन आ ओकर नाम जनक्रांति अधिकार मोर्चा होखी. कहलन कि लालू जरूरत पड़ल तब उनकर इस्तेमाल कइलन आ बाद में पार्टी से निकाल दिहलन. एकर खामियाजा उनुका भुगते के पड़ी. एगो अउर ताकतवर नेता एजाजो अली काल्हु राजद से इस्तीफा दे दिहलन. कहलन कि लालू प्रसाद तानाशाही रवैया अपनवले बाड़न आ पार्टी में उनुकर कवनो पूछ ना रह गइल रहुवे.
  • यूपी बोर्ड के इंटर आ हाई स्कूल परीक्षा के रिजल्ट काल्हु जारी हो गइल. इंटर परीक्षा में लखनऊ पब्लिक कॉलेज के छात्रा ज्योति राठौर आ हाईस्कूल परीक्षा में एसएएसएस एकेडमी,
    हरैया बस्ती के छात्र सर्वेष वर्मा टाॅप कइलन.
  • देश के इतिहास पर सेकूलर जमात आ बँवारा गिरोह के पकड़ का चलते हिंदू प्रतीकन के महत्ता खारिज कर के हमलावर कौम के आततायी बादशाहन के महिमामंडन करे का चलते हमलावर कुल के अकबर के त अकबर द ग्रेट कहल गइल बाकिर ओकरा के चुनौती देबे वाला मेवाड़ के राजा महाराणा प्रताप के महत्व घटा दीहल गइल. काल्हु एही पर गृहमंत्री राजनाथ सिंह कहलन कि अकबर के अकबर द ग्रेट कहल जाव, एहसे उनका कवनो विरोध नइखे बाकिर महाराणो प्रताप के महाराणा द ग्रेट काहे ना कहल जाव.
  • शिमला में अपना बेटी दामाद के नयका बनत आलीशान घर के जायजा लेबे खातिर कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी काल्हु चुपाचोरी तरीका से अपना बेटी प्रियंका वाड्रा संगे शिमला चहुँपली. उनुका संगे उनकर निजी सुरक्षाकर्मी रहले. ओने राहुल गाँधी आज अमेटी जाए वाला बाड़न जहाँ कुछ दिन पहिले स्मृति इरानी दौरा करे चहुँपल रही आ ओकरे काट करे राहुल के चहुँपल जरूरी हो गइल रहे.
  • तृणमूल कांग्रेस के बागी नेता मुकुल राय कांग्रेस में शामिल हो सकेलें. पहिले उनुका भाजपा में जाए के हवा उड़ावल जात रहुवे बाकिर जब भाजपा साफ कर दिहलसि कि जबले उनुका माथ पर से घोटाला के कलंक ना मेटा जाई तबले भाजपा में उनुका के शामिल ना कइल जाई तब हार थाक के मुकुल राय कांग्रेस के दामन थामे के फिराक में लागल बाड़न.
  • बलिया जिला के बांसडीह इलाका के रोन्दहा गाँव के यादव बस्ती में आग लगला से 17 परिवार के घर सामान जर के राख हो गइल बा.

0 Comments