(अतवार, 1 फरवरी के खबर)
- चीन के यात्रा पर गइल विदेश मंत्री सुषमा स्वराज आजु ओहिजा पीएम मोदी के यात्रा से पहिले के जरूरी राय बात में लागल बाड़ी जवना में कैलाश मानसरोवर यात्रा खातिर दोसर सुगम राह खोलवावलो शामिल बा.
- चुनाव के तारीख से पहिले के आखिरी अतवार का दिने दिल्ली में राजनीतिक गहमागहमी अपना चरम पर लउकल. भाजपा के मोदी आ अमित शाह समेत कांग्रेस के सोनिया गाँधी आ आआपा के केजरीवाल आजु धुआँधार प्रचार करे में लागल रहल लोग. पीएम मोदी कहलन कि दिल्ली के लोग अइसन सरकार चुने जे केंद्र संगे मिल जुल के काम कर सके.सोनिया गाँधी कहली कि भाजपा आ आआपा दुनू गोल धरना आ नारेबाजी में अझुराइल बाड़े आ जनता खातिर कुछो नइखे करत लोग. केजरीवाल कहलन कि भाजपा का राज में औरतन के सुरक्षा में कमी देखे के मिलत बा.
- लखनऊ में चलत देश भर के विधानसभा आ विधानपरिषद के सभापतियन के सम्मेलन के समापन करत यूपी के राज्यपाल राम नाईक कहलन कि वेल का बीच आ के हंगामा मचावे वाला सदस्यन का खिलाफ कड़ा फैसला लिहला के जरूरत बा. स्पीकर लोग का लगे एकरा ला अधिकार बा बाकिर एह खातिर सभकर राय बनावलो जरूरी बा.
- यूपी में पन्द्रह बरीस से पुरान मोटरसाइकिल भा गाड़ियन के अब फेरु से रजिस्ट्रेशन करावे के पड़ी. एह खातिर पिछला बेर दिहल राशि के दसवाँ हिस्सा के बराबर के निबंधन शुल्क लागी. पर्यावरण बचावे खातिर सरकार पुरान गाड़ियन के हटावल चाहत बिया.
- पटना हाई कोर्ट कहले बा कि निचली अदालतन के चाहीं कि जमानत के गोहार पर पन्द्रह दिन का भितरे फैसला सुना देस. अगर पुलिस डायरी एह बीच नइखे मिलत तबहियो. पुलिसो विभाग के कहल गइल बा कि समय रहते डायरी दाखिल करा देव लोग. एह फैसला के बार काउन्सिल सरहले बिया.
- साल 84 के सिख नरसंहार के जाँच करावे खातिर पंजाब के मुख्यमंत्री प्रकाश सिंह बादल अतवार का दिने पीएम मोदी से एह मामिला में दखल देबे आ एसआईटी बनावे के गोहार लगवलन.
- सारधा घोटाला में गिरफ्तार मतंग सिंह के ‘तबियत खराब’ हो गइल बा आ उनुका के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. एह चलते उनुका के अदालत में हाजिर ना करावल जा सकल आ अदालत उनुका के 13 फरवरी ले न्यायिक हिरासत में राख दिहलसि.
- दुसरको जापानी बंधक के गरदन काट देबे वाला आतंकी समूह इस्लामिक स्टेट का बारे में जापान के प्रधानमंत्री शिंजो अबे कहलन कि ऊ कबो एकनी के माफ ना करीहें.
- आआपा के एगो उमेदवार के गोदाम से पाँच हजार शराब के बोतल मिलल बाकिर आआपा के सांसद नशाखोरी पर प्रवचन देत बाड़े दिल्ली विधानसभा के चुनाव में. चारो सांसद पंजाब से जीत के आइल बाड़े.
- मुख्यमंत्री देवेंद्र फड़णवीस पिछला हफ्ता कहलन कि महान कार्टूनिस्ट आरके लक्ष्मण के स्मारक पुणे में बनावल जाई त लक्ष्मण के घर वालन के कहना बा कि ना एह स्मारक के मुंबइ में बनावल जाए.
- अभिनेता गौतम गुलाटी के रियलिटी शो ‘बिग बॉस हल्ला बोल’ के विजेता घोषित कइल गइल त शो जीतला का बाद गौतम कहलन कि अब टेलीविजन का बदले सिनेमा में अभिनय करे पर जोर लगइहें.
- मेलबर्न में होखत आस्ट्रेलियन ओपन के पुरुष एकल खिताब दुनिया के माथ टेनिन खिलाड़ी सर्बिया के नोवाक जोकोविक आजु ब्रिटेन के एंडी मरे के हरा दिहलन आ एह साल के पहिलका ग्रैंड स्लैम जीत लिहलन.
- तिकोनिया एकदिना सीरीज के फाइनल मुकाबला में आस्ट्रेलिया इंग्लैंड के 112 रन से हरा दिहलसि.
- तिरुनवनंतपुरम में होखत 35वाँ राष्ट्रीय खेल में पहिला स्वर्ण पदक मणिपुर के चानू खुमुकचाम के मिलल जे भारोत्तोलन में अपना प्रदेश खातिर पदक जीतली.
- रणजी ट्रॉफी के ग्रुप सी मुकाबला में कन्नूर के कोनोर व्याल स्टेडियम में केरल के टीम सर्विसेज टीम के 9 विकेट से हरा दिहलसि. केरल के एह सत्र के ई पहिलका जीत ह.
गुवाहाटी के बरसापारा क्रिकेट स्टेडियम में ग्रुप-सी के मैच में असम के टीम आंध्र प्रदेश के टीम के 10 विकेट से हरावत अपना ग्रुप में माथ पर मजबूती से जम गइल. एगो अउर मुकाबला में गोवा क्रिकेट संघ अकादमी मैदान पर झारखण्ड के टीम गोवा के आठ विकेट से हराके पहिलका जीत दर्ज कइलसि. त रणजी ट्राफी के ग्रुप ए के मैच में वड़ोदरा मोती बाग स्टेडियम में मुंबई के टीम बड़ौदा के टीम के 169 रन से हरा दिहलसि. - अतवार का दिने भइल बड़हन कटौती का बाद जेट ईंधन अब डीजलो से सस्ता हो गइल बा. अबकी का पखवारा पेट्रोल आ डीजल के दाम नइखे घटावल गइल बाकिर बिना सबसिडी वाला रसोई गैस सिलिण्डर के दाम में 105 रूपिया के कमी क दिहल गइल बा.
- पर्थ मे होखत तिकोनिया एकदिना सीरीज के फाइनल में आस्ट्रेलिया पर जीत खातिर इंग्लैंड का सोझा 279 रन के निशान खड़ा बा.
- मेलबर्न में होखत आस्ट्रेलियन ओपन में भारत के टेनिस स्टार लिएंडर पेस आ स्विट्जरलैंड के मार्टिना हिंगिस के जोड़ी अतवार का दिने मिक्स्ड डबल मुकाबला में फ्रांस के क्रिस्टिना लादेनोविक आ कनाडा के डेनियल नेस्टर के जोड़ी के हरा के मिक्स्ड डबल के खिताब जीत लिहले. पीएम मोदी एह जीत पर पेस के बधाई भेजले बाड़न.
- शनिचर का दिने मुंबई में भइल 60वां ब्रिटानिया फिल्मफेयर पुरस्कार समारोह में अभिनेता शाहिद कपूर के फिलिम ‘हैदर’ खातिर आ कंगना रनावत के फिलिम ‘क्वीन’ खातिर सबले बढिया अभिनेता आ अभिनेत्री चुनल गइल.
- बनारस हिंदू विश्वविद्यालय परिसर में मैनेजमेंट के छात्रा संगे एगो प्रोफेसर के छेड़खानी कइला का बाद ओह आरोपी प्रोफेसर सतीश चंद्र सिंह के निलंबित क के जांच के आदेश दे दिआइलबा. ई फैसला कुलपति प्रोफेसर गिरीश चंद्र त्रिपाठी के डेरा पर काल्हु देर रात बोलावल बइठका में लिहल गइल.
- बिहार यूपी में अबहीं कुछ दिन अउर जाड़ झेले के पड़ी लोगन के. हो सकेला कि अगिला दू तीन दिन में बरखो बूनी होखे जहें तहें. दिन में घाम निकलला का बावजूद साँझ बेरा से पारा गिरे लागी.
- मढ़ौरा इलाका के रहीमपुर गाँव का लगे एगो सड़क हादसा में एक आदमी के मौत हो गइल.
0 Comments