विश्व भोजपुरी सम्मेलन के बलिया इकाई के सातवाँ अधिवेशन आ पाती पत्रिका के अक्षर सम्मान समारोह में अतवार का दिने डा॰ भगवती प्रसाद द्विवेदी आ डा॰ प्रकाश उदय के अक्षर सम्मान से सम्मानित गइल. एह समारोह के मुख्य अतिथि रहलन बीएचयू के प्रो॰ सदानन्द शाही आ अध्यक्षता कइलन प्रो॰ अवधेश प्रधान. एह मौका पर विशिष्ट अतिथि का रूप में डा॰ नीरज सिंह आ डा॰ जयकान्त सिंह जय. समारोह के समापन कवि सम्मेलन से भइल जवना में बाहर से आइल कवियन आ बलियो के कविगण के कविता सुन के जनता आह्लादित भइल.- सिवान शहर में एगो स्कूल के विद्यार्थियन के ले जात टेम्पो पलटला से एगो टीचर आ तीन गो विद्यार्थियन के मौत हो गइल. दस गो विद्यार्थी घवाहिल हो गइल बाड़े. जब घवाहिलन के ले के लोग अस्पताल चहुँपल त ओहिजा डाक्टर ना मिललें जवना का बाद खिसियाइल लोग जम के तोड़फोड़ कइल अस्पताल में. अनेके गाड़ियन के आग लगा दिहल गइल. हादसा बड़हरिया इलाका में भइल जब त्रिवेणियाँ गाँव का नियरा टेम्पो के एगो दोसर गाड़ी धक्का मार दिहलसि.
- गांधी मैदान में अतवार का दिने होखे वाली प्रजापति राजनीतिक चेतना रैली में लालू प्रसाद आ नीतीश कुमार दुनू जने के एक मंच पर मौजूद रहे के उमेद रहुवे बाकिर एन समय नीतीश कवनो कारण से गैर हाजिर हो गइलन बाकिर लालू कहलन कि दल मिल गइल आ कवनो तरह के मसला अझूराइल नइखे रह गइल. हो सकेला कवनो जरूरी बात होखी जवना चलते नीतीश रैली में ना अइलन.
- अतवार का दिन देश के राजनीति के पावर संडे बन गइल. सीपीएम के कमान प्रकाश कारात का हाथ से सीताराम येचुरी का लगे आ गइल. येचुरी के चुनाव सर्वसम्मत तरीका से भइल. दोसर खबर रहल 58 दिन ले पता ना कवना विदेश में पता ना का क के भा करा के लवटल राहुल गाँधी मोदी सरकार के चुनौती देत जमीन अधिग्रहण कानून के खिलाफ किसानन के रैली में आग उगिललन. तिसरका बाकिर सबले खास रहल भाजपा सांसदन संगे पीएम मोदी के बइठक जवना में ऊ सांसद लोग के उत्साहित कइलन आ कहलन कि झूठ के कारोबार करेवालन के खुलासा करे के जरूरत बा. कहलन कि केन्द्र सरकार किसानन आ गरीबन का हक में काम करे वाली सरकार हिय आ एही चलते एकर खिलाफत उ लोग करत बाड़े जे पिछला पैंसठ बरीस ले देश के शासन चलवले आ किसानन के एह हालात में चहुँपा दिहलन.
- संसद के बजट सत्र के दुसरका दौर सोमार 20 अप्रैल से शुरु होखे वाला बा आ एहू दौर में कांग्रेस का संगे अउरिओ विपक्षी दल सरकार के घेरे के पुरजोर कोशिश करीहें. खास क के नया से बनल जनता परिवार के गोल जवना के अबहीं ले ना त नाम तय हो सकल बा, ना झंडा ना चुनाव चिह्न. पीएम मोदी उमेद जतवले बाड़न कि संसद में सार्थक बहस होखी आ हर बात पर राय विचार करे के मौका मिली. बाकिर विपक्ष के रुख देख लागत नइखे कि ऊ लोग बहस करे का मूड में बा. ओह लोग के त बस बवाल करे के इरादा झलकत बा.
- सोमार का दिने चीन के राष्ट्रपति शी चिनफिंग पाकिस्तान आवे वाला बाड़न आ उनुका के लड़ाकू विमान का सुरक्षा में ले आवल जाई काहे कि कवनो ठिकाना नइखे कि कब कवनो आतंकी संगठन उनुका विमान पर हमला बोल देव. पिछला साल सुरक्षा के दिक्कत देखिए के उनकर दौरा रद्द क दिहल गइल रहुवे.
- इस्लामी स्टेट के आतंकी अतवार का दिने एगो वीडियो जारी कइले बाड़े सँ जवना में 14 गो ईसाई बन्हक के गरदन काटल देखावल गइल बा. 16 जने का मूड़ी पर गोली मार के मुआवलो के सीन शामिल बा एह वीडियो में. बाकिर एह आतंकी वारदात का खिलाफ बोले के बेंवत चर्च के नइखे जे झूठ आरोप लगा के भारत का खिलाफ आए दिन बकवाद करत रहेले.
- केन्द्र सरकार एह साल बिहार में चले वाली योजनन खातिर 15360 करोड़ रुपिया देबे वाली बा. बाकी खरचा राज्य सरकार के जुटावे के पड़ी आ राज्यसरकार के माली हालत शायद एह लायक नइखे रह गइल.
- डॉ. नसीम जैदी अतवार का दिने मुख्य निर्वाचन आयुक्त के पद सम्हार लिहलन. कहलन कि चुनाव आयोग मतदातन के सुविधा पर खास क के धेयान दीहि आ निर्वाचन तंत्र के मजबूत बनावल जाई.
- हालही में बिहार के मुख्यमंत्री रहल जीतन राम मांझी के हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा के गरीब स्वाभिमान रैली सोमार का दिने पटना के गांधी मैदान में होखे वाला बा. एह रैली में पाँच लाख लोग के जुटे के दावा कइल जात बा.
- छपरा-पटना बाईपास के रामनगर का लगे एगो बस से कचरा के एगो आदमी के मौत हो गइल.
- पिछला दिने भइल बरखा आ बनौरी गिरला से भइल फसल के नुकसान के मुआवजा का रूप में यूपी सरकार करीब साढ़े बारह लाख किसानन के कुल मिला के करीब 550 करोड़ रुपिया के हरजाना बँटले बिया जवना के औसत प्रति किसान करीब चौवालिस सौ रुपिया आवत बा. नुकसान करीब छह हजार करोड़ रुपिया के भइल बा.
- जौनपुर जिला के मछलीशहर के शादीगंज मोहल्ला में अतवार का दिने कूड़ा के ढेर में लागल आग से ओहिजा खेलत बचवन में से एगो के मौत हो गइल आ तीन गो बहुते खराब हाल में अस्पताल में भरती करावल गइल बाड़े सँ.
0 Comments