खबर भोजपुरी में (1 जनवरी 2015)

(बुध, 31 दिसंबर के खबर)

रउरा सभे के नया साल का मौका पर हार्दिक बधाई.


2015ब

  • आमिर खान अभिनीत फिल्म ‘पीके’ के खिलाफ हिन्दूवादी संगठनन के जोरदार विरोध का बावजूद यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव एकरा के टैक्स फ्री करत कहले बाड़न कि अइसनका हर फिलिम के टैक्स फ्री कर देबे के चाहीं. ध्यान देबे जोग बात बा कि एह फिलिम में हिन्दू धर्म के मजाक उड़ावल गइल बा.
  • लखनऊ के बाद अब यूपी के चार गो अउरी शहर के मेट्रो रेल खातिर चुनल गइल बा. एह शहरन में वाराणसी, कानपुर, आगरा आ मेरठ के चुनल गइल बा. वाराणसी मेट्रो से मुगलसराय आ बाबतपुर के जोड़ल जाई.
  • जम्मू-कश्मीर विधानसभा चुनाव में 28 सीट जीतके सबले बड़का गोल बन के उभरल पीडीपी के नेता महबूबा मुफ्ती बुध का दिने राज्यपाल एनएन वोहरा से भेंट कइली. भेंट कइला का बाद पत्रकारन से बतियावत में पीएम मोदी आ बाजपेयी के तारीफ करत संकेत दिहली कि भाजपा संगे मिल के राज्य के विकास ला सरकार बनावल जा सकेला.
  • सैफई के एगो कार्यक्रम में आइल भोजपुरी आ अवधी के मशहूर लोक गायिका मालिनी अवस्थी लोक संगीत खास क के भोजपुरी संगीत में आइल गिरावट पर चिंता जतावत कहली कि उ चाहत बाड़ी कि लोक संगीत में आइल मलिनता दूर क के ओकरा के साफ-सुथरा बनावल चाहत बाड़ी.
  • रणजी ट्रॉफी खातिर होखत मैचन में दिल्ली आ हिमाचल प्रदेश आपन आपन मैच जीत के अपना अपना ग्रुप में माथ पर पहुँच गइल. हिमाचल प्रदेश असम के पारी आ 133 रन के बड़हन अंतर से हरवलसि आ दिल्ली गुजरात के पारी आ 109 रन के अंतर से हरवलसि.
  • पाकिस्तान सरकार इस्लामाबाद उच्च न्यायालय से मुंबई हमला के मास्टरमाइंड जकीउर रहमान लखवी के मिलल जमानत के सुप्रीम कोर्ट में चुनौती देबे के फैसला कइले बिया. ओने लखवी का तरफ से ओकरा के एगो दोसरा मामला में हिरासत में राखे जाए का खिलाफ अदालत में याचिका दायर भइल बा.
  • एगो अउर फिलिम ‘गोपाला-गोपाला’ का खिलाफ आवाज उठावत हिंदूवादी संगठन ओकरा के सेंसर बोर्ड से अनुमति ना देबे के माँग कइले बाड़न. उनकर कहना बा कि एहू फिलिम में हिन्दू धर्म का खिलाफ देखावल गइल बा.
  • उप्र में गटर साफ करे का दौरान सफाई कर्मचारी के मौत भइला पर ओकरा परिवार के दस लाख रुपिया मुआवजा में दिहल जाई. यूपी सरकार एह बात के एलान कइले बिया.
  • शेयर बाजार साल 2014 में 42 अरब डॉलर के विदेशी निवेश बिटोर के 30 फीसदी चढ़ल. कवनो एक साल में पहिला बेर अतना तेजी देखल गइल बा. बुध का दिने सेंसेक्स 96 अंक आ निफ्टी 34.45 अंक चढ़ के बन्द भइल.
  • कश्मीर में सीमा पर पाकिस्तानी गोलीबारी से बीएसएफ के एगो जवान शहीद हो गइल. भारत का तरफ से मिलल मुंहतोड़ जवाब में पाकिस्तान रेंजर्स के दू गो जवान मार दिहल गइले.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।