खरकट न्यूज में चहुँपलन पवन सिंह

लोकप्रिय भोजपुरी टीवी चैनल महुआ के एगो अलगे अन्दाज में खबर परोसे वाला शो खरकट न्यूज में आजु साँझ साढ़े छह बजे भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार पवन सिंह के तेजतर्रार रिपोर्टर कुमार लैला से भइल बातचीत देखावल जाई. एह मसालेदार बातचीत में पवन सिंह अपना जिनिगी के कई गो खासमखास राज खोलीहें. संगही संगे इहो बतइहें कि १० पइसा का लालच कइसे उनुका के गायक बना दिहलसि.

आजु का शो का दौरान पवन सिंह कई गो कॉमेडिओ कर देखइहें आ अपना फिलिमन के गाना त गइबे करीहें. मस्ती हा हँसी खुशी से भरल एह शो खरकट न्यूज में उनुका से पहिले मनोज तिवारी आ गोपाल राय जइसन मशहूर हस्ती नजर आ चुकल बा लोग. खरकट न्यूज के निर्देशक अमित श्रीवास्तब आ निर्माता अभिषेक आ अजय तिवारी हउवन.


स्रोत प्रशान्त निशान्त

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।