खलनायक जय सिंह के मुंबई में सम्मानित कइल गइल

पिछला दिने महाराष्ट्र दिवस का पूर्व संध्या पर मुंबई में आयोजित पद्मश्री महेश पाडगाँवकर भाषा भाषी सम्मान समारोह में साहित्य कला सम्मान से सम्मानित कइल गइल. कार्यक्रम के आयोजन उत्तर भारतीय विकास परिषद के मुन्ना त्रिपाठी कइले रहलें आ एहमें पूर्व प्रधानमंत्री राजीव गाँधी के सलाहकार आ चौदह भाषा के जानकार डी के त्रिपाठी, वस्त्रोद्योग मंत्री आरिफ नसीम खान, सांसद दीना पाटिल समेत कई गणमान्य लोग मौजूद रहुवे.
Bhojpuria villain Jay Singh
जय सिंह चोरवा बनल दामाद, पायल, कुरुक्षेत्र, मोरा बलमा छैल छबीला, आ नालायक समेत करीब दू दर्जन से बेसी भोजपुरी फिल्मन में मुख्य खलनायक के भूमिका कर चुकल बाड़न.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह )

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..