खुदरा महँगाई दर पिछला पाँच महीना के निचला स्तर पर


नयी दिल्ली 12 अप्रैल (वार्ता). दालन के दाम पिछला एक साल का तुलना में 13 फीसदी घट गइल बा आ खाए पिए के बाकी सामानन के महँगाई दर कम रहला से मार्च में खुदरा मूल्य सूचकांक का आधार पर बने वाला मुद्रास्फीति के दर लगातार तिसरको महीना घटत अब 4.28 फीसदी पर आ गइल बा.
खुदरा महँगाई दर पिछला साल अक्टूबर में 3.58 फीसदी रहुवे आ ओकरा बाद के ई सबले निचला स्तर बा. फरवरी में ई दर 4.44 आ पर साल मार्च में 3.89 फीसदी दर्ज भइल रहुवे.
केंद्रीय सांख्यिकी कार्यालय से बियफे का दिने जारी आँकड़ा में खाए पिए वाला सामान के खुदरा महँगाई दर 2.81 फीसदी बतावल गइल बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।