खुशी सम्हरले नइखे सम्हरात

अँजोरिया के पूरा परिवार बिटोर लिहला का बाद जवना उत्साह से रउरा सभे अंजोरिया पर जुटत बानी ओकरा से रोजे कवनो ना कवनो समस्या खड़ा हो जा रहल बा. हमनी के होस्ट के कहनाम बा कि रोजे सर्वर बइठ जात बा आ मजबूरन हमरा अँजोरिया के दोसरा बढ़िया आ तेज सर्वर पर शिफ्ट कर के पड़ रहल बा.

आशा बा कि दू तीन दिन में ईहो समस्या सलटि जाई आ तब हमनी का खुशी खुशी अँजोरिया के आनन्द ले पायब.

तब तकले छोट मोट असुविधा के नजरअन्दाज कर दीं. एही चलते नया सामग्रीओ नइखे डालल जात.

रउरा सभे के नेह के आकांक्षी,
प्रकाशक संपादक, अंजोरिया समूह

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..