खुशी सम्हरले नइखे सम्हरात

अँजोरिया के पूरा परिवार बिटोर लिहला का बाद जवना उत्साह से रउरा सभे अंजोरिया पर जुटत बानी ओकरा से रोजे कवनो ना कवनो समस्या खड़ा हो जा रहल बा. हमनी के होस्ट के कहनाम बा कि रोजे सर्वर बइठ जात बा आ मजबूरन हमरा अँजोरिया के दोसरा बढ़िया आ तेज सर्वर पर शिफ्ट कर के पड़ रहल बा.

आशा बा कि दू तीन दिन में ईहो समस्या सलटि जाई आ तब हमनी का खुशी खुशी अँजोरिया के आनन्द ले पायब.

तब तकले छोट मोट असुविधा के नजरअन्दाज कर दीं. एही चलते नया सामग्रीओ नइखे डालल जात.

रउरा सभे के नेह के आकांक्षी,
प्रकाशक संपादक, अंजोरिया समूह

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।