खून पसीना में दू तरह के काम में लागल हीरा यादव

भोजपुरी सिनेमा के जानल मानल फाइट मास्टर हीरालाल यादव रामाकान्त प्रसाद के भोजपुरी फिल्म “खून पसीना” में फाइट मास्टर का साथ साथ अभिनयो करे में लागल बाड़न. रामेकान्त के एगो दोसर फिल्म “बारूद” में हीरालाल के काम से खुश हो के रामाकान्त प्रसाद उनुका के अपना अगिलो फिल्म में साइन कर लिहले. एह फिल्म में दू गो सुपर स्टार बाड़े दिनेश लाल यादव निरहुआ आ पवन सिंह.

एकरा अलावे हीरालाल दू गो अउरियो फिल्म में मुख्य खलनायक का साथ साथ फाइटो मास्टर के जिम्मेदारी निभावत बाड़न. ई फिलिम हईं स खुशी इन्टरटेनमेंट के “लागल बा प्यार के बुखार” आ “मेहरारू बिना रतिया कइसे कटी”.

हीरालाल के एह बात के खुशी बा कि उनुका अभिनयो के सराहल जा रहल बा आ ऊ फाइट मास्टरी का साथे साथ अभिनयो में मास्टर माने जाये लागल बाड़न.


(स्रोत : दिनेश चन्दर)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।