‘खून भरी मांग ‘ में ‘कड़ुआ तेल’

KhoonBhariMang-team
ग्रीन चिल्ली एंटरटेनमेंट प्रा. लि के बैनर वाली मल्टीस्टारर फिलिम ‘खून भरी मांग’ २५ जुलाई के रिलीज़ होखे वाला बा. पिछला दिने एह फिलिम के कहानी के डिमांड मानत एहमें एगो आइटम सांग अउर जोड़ल गइल. एह आयटम के बोल बा ‘कड़ुआ तेल’ आ एकर शूटिंग मुंबई के जापान स्टूडियो में करावल गइल. फिलिम परोसत बाड़े आदर्श जैन फिल्म्स आ सन ऑडियो प्रा.लि.

एह फिलिम में भोजपुरी सिनेमा के लोकप्रिय चेहरन के शामिल कइल गइल बा. खेसारी लाल यादव, रिंकू घोष, मनोज आर.पाण्डेय, मोनलिसा, पंकज केसरी अउर पाखी हेगड़े एहमें खास कलाकारन में शामिल बा लोग. जवना आइटम सांग ‘कड़ुआ तेल’ के शूटिंग पिछला दिने करावल गइल ओहमें आपन लटका झटका देखावे वालन में तीन गो अभिनेत्री शामिल बाड़ी, अक्षरा सिंह, अनारा गुप्ता, अउर अंतरा सिंह. एह तीनो लोग के आइटम देख के दर्शक खुश हो जइहें. फिलिम में अब दस गो गाना हो गइल बा. एहमें तीन गो त आइटमे सांग बाड़ी सँ. कड़ुआ तेल वाला आयटम खेसारी लाल यादव गवले बाड़न आ कोरिओग्राफी रिक्की गुप्ता के ह.

‘खून भरी मांग’ के निर्देशक राजकुमार आर.पाण्डेय आ निर्माता प्रदीप सिंह भईया हउवें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।