खूब चमकत बा अक्षरा सिंह क नाम

भोजपुरिया स्क्रीन के अक्षर दर अक्षर अक्षरा सिंह क नाम बतौर नायिका खूबे चमकत बा. फिल्म ‘सत्यमेव जयते’ में रवि किशन के नायिका बनिके अपना कैरियर क शुरुआत करे वाली अक्षरा सिंह आजु हर बड़का स्टार क साथे फिलिम करत बाड़ी. पवन सिंह क साथे फिल्म ‘बजरंग’ में, त दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ क साथे ‘एक बिहारी सौ पर भारी’ में, आ रंगबाज हैदर काजमी क साथे फिल्म ‘कालिया’ में अक्षरा सिंह मौजूद बाड़ी नायिका बनि के.

अक्षरा सिंह निर्देशक राजकुमार पांडे क ‘सौगंध गंगा मईया के’ फिलिमो में नायिक बनल बाड़ी. एह फिल्म के शूटिंग पिछला दिनेम वाराणसी में पूरा हो गइल बा. अक्षरा फिलिम ‘बांके बिहारी’ओ में बाड़ी. भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन का साथे चार गो फिलिम, ‘सत्यमेव जयते’, ‘रामपुर का लक्ष्मण’, ‘प्राण जाई पर वचन ना जाई’ आ ‘हमार देवदास’, दे चुकल अक्षरा सिंह ठेठ बिहारी हई. हर बड़का बैनर में बतौर नायिका काम करत अक्षरा सिंह के भोजपुरी सिनेमा वर्ल्ड खूबे रास आवत बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।