खूब जमी रंग जब मिल बइठल जाई हम तू आ …

महुआ टीवी पर प्रसारित हो रहल गेम शो ‘के बनी करोड़पति’ के मंच पर एह हफ्ता बिहारी बाबू शत्रुघ्न सिन्हा का सामने हॉट सीट पर सेलिब्रिटी गेस्ट रहीहे हिन्दी सिनेमा के जानल मानल अभिनेता धर्मेन्द्र. एपिसोड की शुरूआत में शत्रुघ्न सिन्हा धर्मेन्द्र के स्वागत करीहे त धर्मेन्द्र महुआ टी.वी. के आभअर जतइहे कि उनुका के बतौर गेस्ट बोलावल गइल. धर्मेन्द्र जवन राशि एह शो से जीतीहे तवना के चैरिटी में दे दीहे.

बातचीत के शुरुआत करत शत्रुघ्न सिन्हा बतइहे कि जब ऊ पहिला बेर एफ. टी. आई. आई. पूणे गइल रहले त धरम जी से मिले के मौका मिलल रहे. ओह दिन शत्रुघ्न उनुका से दू गो सवाल पूछले बाकिर फेर तिसरका सवाल करे के हिम्मत ना भइल. धर्मेन्द्र बतइहे कि जवन दोस्ती शोले में उनुकर आ अमिताभ के रहल वइसने दोस्ती रियल लाईफ में शत्रुघ्न सिन्हा का साथे बा. अपना बारे में बतियावत धर्मेन्द्र कहीहे कि जब ऊ दिलीप साहब के मूवी ‘शहीद’ देखले तहिये अपना माई से कहले कि उनुको एक्टर बने के बा. माई कहली कि तोहार बाबू जी हमरो के तहरा साथे घर से निकाल दीहे. बाकिर तू अर्जी दे के राख. तब धर्मेन्द्र बतवले कि माई एक्टर बने खातिर अर्जी से कुछ ना होखे, ऑडिशन देबे के होला. खैर भगवान माई के अर्जी सुन लिहले. फिल्म फेयर में टैलेंट सर्च खातिर एगो फार्म आइल. धर्मेन्द्र गायत्री मंत्र पढ के फार्म भर दिहलन आ सलेक्टो हो गइलन. बाद में पता चलल कि उनुका के सुनीलदत्त साहब आ नर्गिस जी सलेक्ट कइले रहे. पहिला फिल्म मिलल बंदनी.

धर्मेन्द्र इहो बतइहे कि ऊ विमल दा (विमल राय) के बहुत मिस करेले जे उनुका के बहुते मानत रहले. महुआ टीवी का एह शो में धर्मेन्द्र अपना आ हेमा मालिनी के बीच के कैमेस्ट्री के राजो खोलीहे.

महुआ टीवी पर ‘के बनी करोड़पति’ के एह एपीसोड के प्रसारण शुक ५ अगस्त आ सोमार के रात नौ बजे से प्रसारित कइल जाई.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

1 Comment

  1. राहुल सिंह

    महुआ तो देख नहीं पाते, उसकी जबरदस्‍त लोकप्रियता की खबरें मिलती रहती हैं यहां ट्रेलर मिल जाता है.

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।