खेल शुरु होखे से पहिलहीं हरदी गुरदी बोले लागल कांग्रेस

यूपी कांग्रेस के आपन बेंवत आ औकात के बढ़िया से पता बा एही चलते अबहिऐं से बात उठे लागल बा कि यूपीओ में बिहारे का तरह भाजपा विरोधी गोलन के एकजुट क के ओही गठबन्हन में लड़े कांग्रेस. अकेले लड़ला से ओकर औकात के पता लाग जाई आ मुट्ठी भर सीट से अधिका ना जीत पाई. बाकिर सवाल उठत बा कि बिहार जइसन ‘महा’ गठबन्हन यूपी में बनी कइसे? सपा त कवनो हाल में बसपा संगे जाए के तइयार ना होखी. बिहारो में सपा एह तरह के गठबन्हन से फरका बिया त यूपी में कइसे साथ ले ली एह लोग के आपन नुकसान उठा के. बाकिर कांग्रेस के बड़का नेता आनन्द शर्मा जब गठबन्हन के बात क दिहलन त बाकियो कांग्रेसी उनुका आवाज में आवाज मिलावल शुरु क दिहले बाड़न. देखल जाव कि राहुल गाँधी के टीम एह बारे में का फैसला लेत बिया.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।