खेल समाचार : मोहाली क्रिकेट मैच के दुसरका दिने मैच भारत के पकड़ में लउकल

मोहाली में होखत दक्खिन अफ्रीका आ भारत के टेस्ट मैच के दुसरका दिने दक्खिन अफ्रीका के टीम महज 184 रन बना के आउट हो गइल आ भारत के पहिला पारी का आधार पर 17 रन के लीड मिल गइल. ओकरा बाद दुसरका पारी खेले उतरल भारत दू विकेट गंवा के 125 रन बना लिहले रहुवे. एह तरह अब भारत का लगे 142 रन के लीड हो गइल बा.

ग्रीस के पोर्टो कारेस में चलत विश्व युवा शतरंज चैंपियनशिप में भारत के खिलाड़ी पांच गो सोना के पदक, तीन गो रजत पदक आ तीन गो कांस्य पदक समेत कुल 11 गो पदक जीत लिहलें.

कुवैत सिटी में भइल 13वीं एशियाई निशानेबाजी चैंपियनशिप में भारत के हीना सिद्धू दस मीटर एयर पिस्टल स्पर्धा में स्वर्ण पदक जीत लिहली. आजु भारत छह गो स्वर्ण पदक आ एगो रजत पदक जीत के आपन जीतल पदक के गिनिती 28 गो के क लिहलसि.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।