खेसारीलाल क एक्शन अवतार वाली फिलिम ‘दिल ले गईल ओढनिया वाली’ 8 जून से

सिनेमा भोजपुरी के नयका सुपरस्टार खेसारीलाल यादव 8 जून से रिलीज होखे जात ‘दिल ले गईल ओढनिया वाली’ में एक्शन अवतार में लउकीहें. बालाजी सिनेविजन प्रा. लि. क बैनर तले बनल एह फिल्म के निर्माता पप्पू भाई, राजेश सिंह आ संजय कनूगा, निर्देशक अरविंद चौबे, एक्शन मास्टर दिलीप यादव, संगीतकार मधुकर आनंद, गीतकार विनय बिहारी, प्यारेलाल यादव, आ कृष्णा बेदर्दी, अउर क्रिएटिव निर्माता आशीष एस. ठाकुर हउवें.

फिल्म में मुख्य जोड़ी खेसारी लाल आ अंजना सिहं क बा, खलनायक हउवें रजनीश झांजी, आ बाकी कलाकारन में शशिमोहन सिंह, प्रिया कपूर, मनोज टाईगर, आनंद मोहन, प्रिया पाण्डेय, रत्नेश बरनवाल, संजय वर्मा, आशा शर्मा, जसवंत कुमार, बालेश्वर सिंह, जय सिंह, आ रंजीत कुमार सिंह व शामिल बाड़ें.


(प्रशान्त निशान्त के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।