खेसारीलाल यादव आ मोनिका बत्रा के ‘तेरी कसम’ के पहिला झलक जारी भइल

TeriKasamसिनेमा भोजपुरी के हॉट जोड़ी खेसारीलाल यादव आ मोनिका बत्रा अब ‘तेरी कसम’ फिलिम में नजर आई. एकरा के निर्देशित करत बाड़न जानल मानल निर्देशक अनिल सिनकर. पिछला दिने एह फिलिम के पहिला झलक देखावल गइल आ चारो तरफ एकरे चरचा बा.

श्री पद्मावती पिक्चर्स एण्ड इन्टरटेनमेंट के बैनर तले बनल अनिल सिनकर निर्देशित एह भोजपुरी फिलिम ‘तेरी कसम’ के निर्माता कृति वोरा, सह निर्माता कविता सिनकर आ धनंजय तिवारी हउवें. बतावल जात बा कि ई फिलिम एगो साँच घटना पर बनल बा जवन पूरा दुनिया के झकझोर दिहले रहुवे.

‘तेरी कसम’ क बारे में खेसारीलाल यादव के कहना बा कि एह फिलिम में निर्देशक अनिल सिनकर हर बात एगो नया तरह से देखावे के कोशिश कइले बाड़न. नायिका मोनिका बत्रा के कहना बा कि दर्शक एह फिलिम आ उनुका अभिनय दुनु से बहुते खुश होखीहें.

एह फिलिम के कैमरामैन देवेन्द्र तिवारी, एक्शन मास्टर हीरा यादव, कथा-पटकथा लेखक सबा वर्मा, संवादलेखक मनोज के. कुशवाहा, नृत्यगुरू कानू मुखर्जी, राम देवन, मयंक अशोक, संजय कोरबे आ संतोष कुमार, संगीतकार अविनाश झा (घुंघरू), गीतकार कृष्णा बेदर्दी, महेश परदेशी, दिवाकर पाण्डे, आ प्यारेलाल यादव ‘कविजी’ हउवें.

मुख्य कलाकार हउवें खेशारीलाल यादव, मोनिका सिंह बत्रा, शुभि शर्मा, दीपक भाटिया, उमेश सिंह, अनूप वर्मा, अभय राय, समर्थ चतुर्वेदी, प्रेम दुबे, सिराज भगत, विजय ठाकुर, रामजी मिश्रा, श्रद्धा नवल, सोनिया मिश्रा, सी.बी. भट्ट अउर आइटम क्वीन सीमा सिंह.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।