खेसारी लाल यादव के फिलिम ‘डंस’

खेसारी लाल यादव के फिलिम ‘डंस’

जानकारी मिलल बा कि खेसारी लाल यादव के भोजपुरी एक्शन फिलिम 7 फरवरी 2025 के पूरा देश में एके साथ रिलीज होखी.

भोजपुरी सिनेमा के हिट मशीन कहाए वाला स्टार खेसारी लाल यादव के मुख्य भूमिका वाली एह फिलिम में हार्डकोर एक्शन का संगही संगीत से सराबोर लव स्टोरीओ देखे के मिली. एह फिलिम के शूटिंग उत्तर प्रदेश के चंदौली में कइल गइल बा.

डंस के निर्देशक धीरज ठाकुर हउवें. एह फिलिम के कलाकारन में खेसारी लाल यादव का संगे शाहवर अली, देव सिंह, समर्थ चतुर्वेदी, पप्पू यादव, महेश आचार्य, विजया लक्ष्मी, श्रद्धा नवल, जे नीलम, प्रेम दुबे, जे पी सिंह, गौरी शंकर, प्रकाश जैस, माही खान, चाहत, आ आर्यन बाबू के नाम खास बा.

स्निप कॉर्पोरेशन के बैनर में बनल फिलिम डंस के निर्माता हउवें सुधीर सिंह जे एकरा से पहिले ‘दूल्हा मिलल दिलदार’ वगैरह कई फिलिम बना चुकल बाड़ें.

रउरा मन करे त एह फिलिम के आफिशियल ट्रेलर यूट्यूब पर जा के देख सकीलें –

लिंक नीचे दीहल जा रहल बा –

डंस फिलिम के ट्रेलर

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।