खेसारी लाल यादव के ‘बाबरी मस्जिद’ के पहिला झलक जारी भइल


खेसारी लाल के नया भोजपुरी फिलिम ‘बाबरी मस्जिद’ के पहुलका झलक पिछला दिने मुम्बई में जारी हो गइल.
एक तरफ आजुकाल्हु खेसारी लाल के फिलिम ‘मेहंदी लगाकर रखना’ बॉक्स ऑफिस पर धमाल मचवले बिया ओहीजे दोसरा तरफ माँ केला देवी फिल्म के बैनर तर बनल भोजपुरी फिलिम ‘बाबरी मस्जिद’ के पोस्टरो के पब्लिक बहुते चाव से देखत बाड़ें
फिलिम बाबरी मस्जिद के पोस्टर देख के खेसारीओ लाल खूब खुश बाड़न. फिलिम के निर्माता धीरेन्द्र चौबे बतावत बाड़न कि एह फिलिम के फगुआ का मौका प रिलीज कइल जाई.
बाबरी मस्जिद फिल्म में खेसारी लाल यादव का साथे काजल राघवानी, अवधेश मिश्र , संजय पांडेय , बृजेश त्रिपाठी , ऋतू पांडेय , त्रिशा खान , के.के .गोस्वामी , पप्पू यादव , देव सिंह अउर सम्भवना सेठ जइसन साथी कलाकार नजर आवे वाला बाड़न.
फिलहॉल फिलिम के पोस्ट प्रोडक्शन के काम मुम्बई के ऑडियो लैब में कइल जा रहल बा. एकर निर्देशक देव पांडेय हउवन.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।