खैराट पुल का नियरा सड़क धंसल

देवरिया जिला के भाटपार रानी-घांटी रोढ प खैराट पुल का नियरा सड़क धँस गइल बा. बरखा आ जल जमाव का चलते भइल एह नुकसान से घांटी के रास्ते भटनी जाए के रास्ता दुर्गम बन गइल बा.

जिला मे घाघरा आ राप्ती के उफनइला का चलते विशुनपुर देवार, भदिला प्रथम, आ धनया उर्फ कुंद महाल बाढ़ का पानी से घेरा गइल बा. परसिया कुढ़ मे घाघरा के कहर बरपत बा. राम जानकी रोढ आ नुरुल्लाहपुर बंधा पर पानी के दबाव बढ़ गइल बा.

गोर्रा नदी खतरा का निशान से करीब चालीस से॰ मी॰ नीचे बहत बिया बाकिर पानी बढ़ल जारी बा. एह चलते कछार के दू लाख लोग के जान साँसत मे पड़ल बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।