गंगा किनारे दू गो नवहियन के लाश मिलल

(प्रतीक फोटो)


छपरा 06 अप्रैल (वार्ता). सारण जिला के नयागांव इलाका में गंगा नदी का किनारे से पुलिस आजु दू गो नवहियन के लाश बरामद कइलसि.
पुलिस सूत्र बतवलें कि गाँव वालन से खबर मिलला का बाद पुलिस चहुँपल त देखलसि कि गंगा नदी का किनारे एगो मोटरसाइकिल पर दू गो नवहियन के लाथ राखल बा.
दुनु के गोली मार के जान लीहल गइल बा. दुनु मरे वालन के उमिर 30 से 35 बरीस के रहल होखी.
अबहीं एह लाशन के पहचान साबित नइखे भइल.
पुलिस मामिला के सुराग जोहे में लागल बिया आ लाशन के पोस्टमार्टम ला भेज दिहले बिया.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।