गंगा के रेत निकाले पर लागल रोक हटावे के माँग कइलन डा॰ जोशी

वाराणसी 25 अक्टूबर (वार्ता) भाजपा के बड़का नेता डा॰ मुरली मनोहर जोशी वाराणसी मे गंगा से रेत निकाले पर लागल रोक तुरत हटावे के माँग कइले बाड़े.

डा॰ जोशी के कहना बा कि कछुआ सेक्चुरी के चलते गंगा के प्रवाह पर असर पडत बा आ ऐतिहासिक घाटन पर खतरा पैदा हो गइल बा आ ई घाट कबहियो खतम हो सकेले.

वाराणसी के खस्ता सडकन पर नाराजगी जतावत डा॰ जोशी अंधरा पुल योजना के जल्दी से पूरा करावे के कहलन.

0 Comments