गंगा देवी बन के धमाल मचइहें पाखी हेगडे

सिनेमा भोजपुरी के नायिका अदाकारा पाखी हेगड़े अपना जल्दिए रिलीज होखे वाल फिलिम ‘गंगा देवी’ से परदा पर धमाल मचा के रख दीहन. पाखी के ई भूमिका अबतक के उनुकर सबले बेहतरीन भूमिका हवे, एह में पाखी हेगडे एगो राजनीतिक कार्यकर्ता के पत्नी बनल बाड़ी जे बाद में राजनीतिक आ सामाजिक भठियरपन के परदाफाश करे राजनीति में डेग धर दीहें.

एह फिलिम में पाखी के नायक दिनेशलाल ‘निरहुआ’ हउवें. एकरा अलावे एह साल पाखी के रिलीज होखे वाली फिलिमन में ‘रिक्शावाला आई लव यू’ अउर ‘गंगा जमुना सरस्वती’ ओ में पाखी के जलवा देखल बनी.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..