गंगा में डूबला से दू गो लड़िकियन के मौत

गाजीपुर के करण्डा इलाका के मंझरिया गाँव के दू गो लड़िकियन के काल्हु शनिचरा का दिने गंगा में डुबला से मौत हो गइल.
बतावल जात बा कि मँझरिया गाँव के किरन आ वंदना सबेरे गंगा में नहाए गइल रही स. साथे गांव के कुछ अउरीओ औरत रहली स. नहात घरी सब डूबाह पानी में चल गइली स आ हल्ला मचावे लगली स. हल्ला सुन के लोग तीन गो औरतन के त बचा लिहल बाकिर दुनु लड़ीकिया डूब गइली सँ. किरन उनइस साल के रहुवे आ वंदना पन्द्रह साल के
बाद में दुनु के लाश मिल गइल त निकाल के अंतिम संस्कार क दिहल गइल.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *