गंगा में डूबला से दू गो लड़िकियन के मौत

गाजीपुर के करण्डा इलाका के मंझरिया गाँव के दू गो लड़िकियन के काल्हु शनिचरा का दिने गंगा में डुबला से मौत हो गइल.
बतावल जात बा कि मँझरिया गाँव के किरन आ वंदना सबेरे गंगा में नहाए गइल रही स. साथे गांव के कुछ अउरीओ औरत रहली स. नहात घरी सब डूबाह पानी में चल गइली स आ हल्ला मचावे लगली स. हल्ला सुन के लोग तीन गो औरतन के त बचा लिहल बाकिर दुनु लड़ीकिया डूब गइली सँ. किरन उनइस साल के रहुवे आ वंदना पन्द्रह साल के
बाद में दुनु के लाश मिल गइल त निकाल के अंतिम संस्कार क दिहल गइल.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।