गंगा .यमुना में मूर्ति विर्सजन पर रोक लगवलसि उच्च न्यायालय

इलाहाबाद उच्च न्यायालय गंगा प्रदूषण मामिला के सुनवाई करे का दौरान दुर्गापूजा के मूर्तियन के गंगा यमुना में दहवावे के अनुमति देबे से मना कर दिहलसि. अदालत इहो सुझाव ना मनलसि कि विसर्जन क के मूर्तियन के बाद में निकाल लिहल जाव. प्रशासन अदालत से एक साल के मोहलत अउर मँगले रहुवे.
अदालत सरकार के एह बारे में परिपत्र जारी करे के निर्देश दिहलसि कि अगिला साल से गंगा आ यमुना के किनारे बसल जिलो में मूर्ति दहवावे पर रोक लगा दीहल जाई. साथही सरकार के कहलसि कि ऊ कवनो दोसर व्वयस्था करे एह काम ला.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।