गज़ल – जिंदगी रेत जइसन पियासल बिया
  • डॉ. हरेश्वर राय

सियासी छेनी से कालिमा तरासल बिया I
चांदनी हमरा घर से निकासल बिया II

भोर के आँख आदित डूबल बा धुंध में I
साँझ बेवा के मांग जस उदासल बिया II

सुरसरी के बेदना बढ़ल बा सौ गुना I
नीर क्षीर खाति माछरि भुखासल बिया II

कोंपलन पर जमल बा परत धुरि के I
बूंद-बूंद खाति परती खखासल बिया II

खाली थोथा बचल बा उड़ल सार सब I
जिंदगी रेत जइसन पियासल बिया II


डॉ. हरेश्वर राय
प्रोफेसर ऑफ़ इंग्लिश शासकीय पी.जी. महाविद्यालय सतना, मध्यप्रदेश बी-37, सिटी होम्स कालोनी, जवाहरनगर सतना, म.प्र., 09425887079

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।